शिवरात्रि के अवसर मे भक्तजन के निःशुल्क चाय पियवलख प्रियम सिटीसि चाय

प्रभु यादव
बारा १७ फागुन
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर ३ के सिद्धेश्वर मंदिर मे प्रीमियम सिटीसि चाय पैकिङ्ग उधोग महाशिवरात्रि के अवसर मे भक्तजन लोग के निःशुल्क चाय पियवले बा । शिवरात्रि मे अधिक लोग फलहारी रहेला आ उलोग चाय पिएला भईला से विशेष कर के उलोग के लक्षित कर के निशुल्क चाय पियावेला कईल गईल शिविर मे करिब दु हजार जने चाय पियल प्रियम सिटिसि चाय के सञ्चालक उमेश चौलागाईं जनकारी करावले बानी ।
स्वदेश मे लगानी कर के युवा शक्ति बिदेश जाएसे रोक सकल जा सकत बा चौलागाईं बतावले बानी । शिविर के उदघाटन करत स्वदेश मे विदेश के पईसा कमावल जासकेके कहत प्रिमियम सिटिसि चाय सिमरा से उत्पादन कईल यु आर गोल्ड प्रिमियम मसाला चाय पैकिङ्ग मे १४ जने गरिब लोग के रोजगारी देके देश मे टेवा पुगावल सञ्चालक चौलागाईं बतावले बानी ।
महाशिवरात्रि के अवसर मे भक्तजन के यु आर गोल्ड प्रीमियम मसला चाय दिन भर निशुल्क चाय पिया के स्वदेशी अर्गानिक रहल इलाम के उत्पादन सिमरा मे पैटेटिंग, फैक्चरिङ भईल चाय पियला पर सर्ब साधारण उपभोक्ता चायपति खरिद कईले बा । पैकेजिङ्ग कईल मसाला चाय बिक्री भईला पर चाय से भईल आम्दानी के हिस्सा अनाथ, असहाय के खातिर खर्च कईल जाला सञ्चालक चौलागाईं जनकारी करावले बानी ।
पैकिजिङ्ग करेवाला से विक्री करेला कर के गरिब समुदाय के लोग के १४ जने कर्मचारी कार्यरत रहल रोजगार सृजना करे सकला से आपने खुशी बानी चौलागाईं बतावले बानी । यु आर गोल्ड प्रिमियम मसाला चाय पाँच महिना मे नेपाल के बाके, बर्दिया, मकवानपुर, बारा, पर्सा, रौतहट लगायत के १५ जिल्ला मे व्यपार पुगल संचालक चौलागाईं जानकारी करावले बानी ।
महाशिवरात्रि मे शिव जिके पुजा करे पुगल भक्तजन के सिदेश्वार परिसर मे चाय पिया के सेवा मे नेशनल सेल्स मेनेजर लोकेश ओलि, मधेश प्रदेश के सेनियर अफिसर जितेन्द्र ठाकुर, डिलर सेल्स मैन सिमा भट्ट, लेखापाल बिज्ञान चपागाइ, कलैया एरिया के चाय पति सप्लायर्स डिलर्स पायल जेनरल स्टोर के संचालक उदित नारायण यादव लगायत लोग खटके शिविर मे सहयोग कईले रहनी ।






