घुस के रोपेया सहित नासु साह अख्तियार के फन्दा मे

प्रभु यादव
बारा २० माघ
बारा के कोल्हवी नगरपालिका वार्ड नम्वर ११ के सचिव ना.सु. विनोद प्रसाद साह के घुस के रोपेया सहित अख्तियार दुरुपयोग आयोग के टोली पकडले बा ।
सेवाग्राही से घूस रकम लेहल आरोप मे कोल्हवी नगरपालिका–११ रमपुर्वागाँव के वार्ड सचिव साह के अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के टोली नियन्त्रण मे लेहले बा । अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग टंगाल काठमाण्डु के सहायक प्रवक्ता वेदप्रसाद भण्डारी के मुताविक साह के जमिन नामसारी सिफारिस के खातिर सेवाग्राही से तीन हजार पाँच सय रोपेया घूस लेहल जनकारी करावले बानी ।
वार्ड सचिव साह के अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग कार्यालय के हेटौंडा के टोली वार्ड कार्यालय से ही नियन्त्रण मे लेहले बा । वार्ड सचिव साह के उपर आउर अनुसन्धान सुरू कईल गईल सहायक प्रवक्ता भण्डारी जनकारी करावले बानी ।






