वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से १२ बरीस के लइका के मृत्यु

वीरगंज २६ माघ

वीरगंज मे कोरोना भाइरस संक्रमण से १२ बरीस के लइका के मृत्यु भईल बा । धोविनी गाँवपालिका–४ के १२ बरीस के लईका के मंगर के सँझिया साढे ७ बजे मृत्यु भईल बा ।

माघ १६ गते स्वास प्रश्वास मे सहजोग के खातिर ट्युब आ ब्याग सहित नारायणी अस्पताल मे भर्ना भईल उनका के भेन्टिलेटर मे राखल गईल रहे । ओकरा बाद उनकर एक बेर भी होस ना आईल ईलाज मे संलग्न चिकित्सकलोग बतवले बाडन ।

उनका के नेशनल मेडिकल कलेज से नारायणी अस्पताल मे रिफर कईल रहे । उहे दिन कईल एन्टिजीन परीक्षण पोजेटिभ आईल रहे । चेकजाँच के समय मे उनका मे कोभिड निमोनिया देखल गईल अस्पताल जनवले बा ।

अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. उदयनारायण सिंह के मुताविक शुरु मे उनका बोखार आईल रहे । ओकरा बाद उनका उलटी भईल आ उलटी सरकके श्वासनली होत फोक्सो तक पुगल उ बतवनी ।

‘एकओरी कोभिड निमोनिया, दोसर ओरी एस्पिरेसन निमोनिया भी रहे’ कहत उ, ‘ओराईल प्रयास कईल गईल माकिर बँचावे ना सकनी ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।