किसान के माग पूरा ना कईला पर चुनाव मे अवरोध कईल जाई : सीके राउत

वीरगंज २६ माघ

जनमत पार्टी के अध्यक्ष सीके राउत किसान आन्दोलन के माग पूरा ना भईला पर स्थानीय तह के निर्वाचन मे अवरोध करेके बतवले बाडन ।

बुध के दिने वीरगंज मे पत्रकार सम्मेलन करत उ किसान के माग पूरा ना कईला पर तराई मधेश क्षेत्र मे स्थानीय तह के निर्वाचन मे अवरोध करेके बतवले बाडन ।

किसान के अनेकन माग राखत अभी राउत नेतृत्व के पार्टी मधेश प्रदेश के अनेकन शहर मे लगातार प्रदर्शन करत आ रहल बा ।

‘पहिले किसान के माग सम्बोधन होखो तब मात्र स्थानीय तह के निर्वाचन के परिकल्पना कईल जाँव’ कहत उ, ‘ना भईला पर आउर जगहा मे त हम कहे ना सकेम तराई मधेश मे झापा से बाँके, बर्दिया, कैलाली कञ्चनपुर तक हमनी अवरोध करेम ।’

खुदसब से उठावल सभी ११ गो माग पूरा करे ना सकला पर भी कम्ती मे किसान के माग मात्र भईला पर भी पूरा करेके उनकर कहनाम बा ।

‘निर्वाचन मे भाग लेवे खातिर आतुर बानी, निर्वाचन मे जाए से पहिले कम्ती मे किसान के मुद्धासब के सम्बोधन करे खातिर पहल होखेके पडि । एक दिन मे ना होखी, एक महिना मे भी पूरा ना होखी माकिर कमसेकम पहल सुरु कईल देखल गईल बा’ अध्यक्ष राउत कहनी ।

अभी के निर्वाचन प्राणाली विकृत रहल बतावत उ निर्वाचन से भी बडका परिवर्तन ना आवेके बिचार रखनी । ‘अभी भी भोट कईला पर आखिर कउन दल आई ?’ सवाल कईनी, ‘उहे तीन चार गो पार्टी आ तीन चार गो नेता के चेहरा हरेक दिन देखले बानी । उलोग मेसे एगो बदल के दोसर आई ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।