वार्ड नं. ११ मे कम्प्युटर लेखा सम्बन्धी तालिम

वीरगंज ०१ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका के सहजोग तथा यु डि वाई सेफ के सहकार्य मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ मे आजु से ४५ दिने कम्प्युटर लेखा सम्बन्धी तालिम शुरु भईल बा ।
वार्ड नम्बर ११ के लइकीलोग के प्रविधि सम्बन्धी सचेत बनावेके आ सिप सिखके आत्मनिर्भर बनावेके उद्देश्य से तालिम के आयोजना कईल वार्ड अध्यक्ष प्रधुम्न प्रसाद सेढाई बतवले बानी । यु डि वाई सेफ के कम्प्युटर के संचालक बंशीधर गुप्ता के सभापतित्व मे भईल तालिम के उदघाटन वार्ड अध्यक्ष सेढाई कईले रहनी । तालिम मे वार्ड के २५ जने जनानीलोग सहभागी बाडि । उलोग ९० घण्टा अर्थात ४५ दिन के तालिम देवेके युडिवाई सेफ के वंशीधर गुप्ता जानकारी देहनी ।
उदघाटन कार्जक्रम मे वार्ड नम्बर ११ का सदस्य प्रयाग महतो कहार, ईन्जिनियर सुधिर गुरागाई, ईन्जिनियर उद्धब गुप्ता, मुस्तकिम हवारी, कुमारी देवी, मिना देवी, पुजा लुइटेल, प्रशिक्षक श्यामबिनय चौधरी, अभिजित चौधरी, सुभाष मेहता लगायत के सहभागीता रहल रहे ।





