प्रदेश नं २ मे ३ बेपत्ता, ८४५ विस्थापित, दर्जनो गाँव डुबल
वीरगंज ०७ सावन
कुछ दिन एने पडल लगातार वर्षात के चलते प्रदेश नं २ मे तीन जने बेपत्ता भईल बाडन आ दु जने के उद्धार कईल बा ।
भारी वर्षात से प्रदेश नं २ मे ८४५ जने विस्थापित भईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर जनवले बा ।
बाढ से रौतहट जिल्ला के चाँदी नदी मे बहके चन्द्रपुर नगरपालिका–३ रहेवाला ५० बरीस के सुकमानी थिङ बेपत्ता भईल बानी ।
मंगर के सबेरे उ खोला मे पौडी खेले गईल थिङ के खोला देहवईला पर बेपत्ता भईल बानी ।
एहितरे महोत्तरी के रातु नदी पार करेके खोजला पर भङ्गाहा नगरपालिका– ६ सङ्ग्रामपुर के ३५ बरीस के वीरेन्द्र कापर के देहवईले बा ।
एहितरे नाम खुले ना सकल सर्लाही के एक जने पौडी खेले गईला मे उभी बेपत्ता बाडन ।
एहितरे सर्लाही मे वाग्मती नदी से देहवईला पर दु जने के उद्धार कईल बा । वाग्मती नगरपालिका–१२ स्थित उ नदी के बाढ मे फँसल दु जने के उद्धार कईल बा ।
नदी मे लकडी निकाले गईल स्थानीयवासी २४ बरीस के डेटमान गोले आ १६ बरीस के नीरज तितङ खोला के मध्य भाग मे फँसला मे पुलीस सकुशल उद्धार कईले रहे ।
लगातार के वर्षात आ बाढ के चलते प्रदेश २ के अनेकन जिल्ला के ६९ परिवार के आदमी विस्थापित भईल प्रदेश कार्यालय के प्रवक्ता मकेन्द्र मिश्र बतवनी ।
लगातार वर्षात आ बाढ के कहर से मध्य तराई के अधिकांश जिल्ला के जनजीवन अस्तव्यस्त भईल बा ।
बङ्गरी, दूधौरा खोला मे आईल बाढ से प्रसौनी गाँवपालिका–५ आ ६ के करीब ३५० बिगहा क्षेत्रफल मे रोपल धानबाली कटान कईला पर करोडो के नोक्सानी भईल बा ।
पसहा नदी मे आईल बाढ से कलैया उपमहानगरपालिका–२१ के भोडहा आ सोनरनिया, खम्बा क्षेत्र मे रोपल सय बिगहा से बेसी धानबाली नोक्सान भईल बा ।
एहितरे अविरल वर्षात के चलते वीरगंज महानगरपालिका क्षेत्र भितर के अधिकांश भाग डुबान मे पडला के बाद जनजीवन प्रभावित भईल बा ।
बाढ आ वर्षात से पश्चिमी पर्सा के अधिकांश गाँवपालिका के एक दोसर गाँवपालिका से सम्पर्क बिच्छेद भईल बा ।
पाँकी भईल सडक के चलते आदमी तथा सवारी साधन के आवतजावत प्रभावित भईल बा ।
पर्सा के सिङ्गाही नदी मे आईल बाढ से पर्सागढी नगरपालिका के अधिकांश क्षेत्र डुबान मे पडल बा । ती
दिन से पडल वर्षात के चलते पश्चिमी पर्सा के दर्जनो गाँव डुबान मे पडल बा ।






