नेपाली कांग्रेस कालिकामाई गा.पा. के सभापति मे छठु साह निर्विरोध निर्वाचित

वीरगंज १२ फागुन
नेपाली कांग्रेस कालिकामाई गाँवपालिका के सभापति मे छठु साह निर्विरोध निर्वाचित भईल बानी । कांग्रेस के १४ वाँ महाधिवेशन अन्तर्गत आजु पुरा भईल गाँवपालिका अधिवेशन से सभापति मे साह निर्विरोध निर्वाचित भईल बानी ।
गाँवपालिका समिति के उपसभापति मे रजाक राउत गद्दी, मोलाजिम मियाँ मन्सुरी, सचिव मे महमद नाजिर हुेसन मुकेरी, रामानन्द ठाकुर लोहार, सह सचिव मे हिरालाल राउत कुर्मी, जयबालक साह कानु निर्वाचित भईल बानी ।
एहितरे समिति के सदस्य मे लिला श्रेष्ठ, महन्थ प्रसाद पटेल, सुरेन्द्र प्रसाद कुशवाहा, शिवदुलारी देवी साह, रामराज चौरसिया, जयचन्द्र प्रसाद, धुनिया देवी, अनिल कुमार कण्ठ, सतानन्द मिश्र, भागमती देवी, शम्भु साह तेली, जयकिशुन राउत बरै, रीना देवी, अजय कुमार कलवार, रामन महतो केंवट, कान्ति देवी महरा, लालपरी देवी महरा, सदाम हुसेन, रामसागर बैठा, मजिद देवान, अमरुल आलम, शिवनारायण प्रसाद चौरसिया, इब्राहिम मियाँ, वैधनाथ प्रसाद बरै आ वीरेन्द्र प्रसाद बरै निर्विरोध निर्वाचित भईल मतदान अधिकृत लालदेव प्रसाद यादव जानकारी देहनी ।
गाँवपालिका सभापति मे साह निर्वाचित भईला के बाद बैशाख ३० गते होखेवाला स्थानिय तह के निर्वाचन मे पार्टी के बिजयी करावे के प्रतिबद्धता जनवनी । उ वार्ड से लेके पालिका अध्यक्ष तक के सभी पद मे पार्टी के उम्मेदवार के विजयी करावेके बतवनी ।
पत्रकारिता आ समाजिक क्षेत्र मे लम्हर समय तक काम कईल साह आपन मूल्यांकलन करके गाँवपालिका सभापति के जिम्मेवारी देहला मे सभी पार्टी पंक्ति के धन्यावाद तथा अभार भी कईनी ।
गाँवपालिका पार्टी कार्यालय मुडली मे भईल अधिवेशन मे सभापति मे निर्वाचित अध्यक्ष साहसहित गाँवपालिका समिति के सभी पदाधिकारी तथा सदस्यलोग के महाधिवेशन प्रतिनिधि पंचानन्द मिश्रा, रामप्रसाद चौहान, स्थानिय नेता अजय पटेल, संजय साह, वार्ड सभापतिलोग नेजामुदिन मियाँ, सिकेन्द्र देवान, रामशिष चौरसिया, अमिरका ठाकुर लागयत के लोग फुल माला आ अविर के टिका लगाके बधाई तथा शुभकामना देहले रहलन ।





