कांग्रेस वीरगंज म.न.पा. के अध्यक्ष मे नेपाली, पर्सागढी मे थारु आ ठोरी मे श्रेष्ठ जितलें

वीरगंज १५ फागुन
मधेस प्रदेश के एक मात्र महानगर वीरगंज महानगरपालिका के नेपाली कांग्रेस के नगरसभापति मे मणिन्द्रलाल नेपाली जितल बाडन । संस्थापन इतर पक्ष के उम्मेदवार रहल नेपाली, संस्थापन पक्ष के उम्मेदवार राधेश्याम चौरसिया के ३६ मत अन्तर से पराजित करत नगरसभापति मे जितल बाडन ।
नेपाली २५७ मत प्राप्त कईले बाडन आ उनकर निकटतम प्रतिद्वन्दी चौरसिया २२१ मत लिआईल बाडन । एहितरे सभापति के दोसर प्रतिस्पर्धी नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रीय सचिव दिपेन्द्र चौहान के ३२ मत मात्र मिलल बा । नगर उपसभापति मे संस्थापन इतर पक्ष के संतोष गुप्ता २४८ मत आ संस्थापन पक्ष के सर्जुग महतो २४४ मत लियाके विजयी भईल बाडन ।
सचिव मे संस्थापन इतर के शिवचन्द्र प्रसाद यादव २६२ आ संस्थापन पक्ष के श्याम प्रसाद कुर्मी २३९ मत लियाके विजयी भईल बाडन । एहितरे महसचिव मे संस्थापन पक्ष के उम्मेदवार दीपक कुमार साह २४६ आ सहजाद हुसैन अन्सारी २५० मत लियाके विजयी भईल बाडन ।
कांग्रेस वीरगंज महानगर के नयाँ नेतृत्व चयन के खातिर शनिचर के दिने भईल निर्वाचन मे कुल ५४२ मत मेसे ५२५ मत मात्र गिरल रहे । एहितरे पर्सा के पोखरिया नगरपालिका के कांग्रेस नगरसभापति मे रामबाबु प्रसाद चौहान निर्वाचित भईल बाडन ।
उनका ७१ मत मिलल बा ।
उनकर निकटतम प्रतिद्वन्द्वी लक्ष्मण साह कानु ६८ मत मात्र लिआईल बाडन । उपसभापति मे बच्चा साह तेली ८० मत आ रामचन्द्र बैठा धोवी ७९ मत लियाके विजयी भईल बाडन । सचिव मे धर्मराज प्रसाद यादव ७६ मत आ हरेराम पाण्डेय ७४ मत लियाके निर्वाचित भईल बाडन ।
एहितरे सहसचिव मे अशोक चौहान ७५ मत आ श्यामकिशोर यादव ७९ मत लियाके विजयी भईल बाडन । शनिचर के दिने पुरा भईल मतदान मे पोखरिया नगरपालिका मे कुल १४६ मेसे १४० मत गिरल रहे । पर्सा के बहुदरामाई नगरपालिका के कांग्रेस नगर सभापति मे रामानन्द यादव अहिर विजयी भईल बाडन ।
एहितरे उपसभापति सुशील साह, सचिव मे हरिन्द्र प्रसाद, सदस्य मे हृदय नारायण पटेल, बालकिसुन पटेल, इन्द्रासन यादव आ सुगन्धी देवी निर्वाचित भईल बाडन । एहितरे पर्सागढी नगरपालिका के कांग्रेस नगरसभापति मे विश्वमोहन थारु विजयी भईल बाडन ।
थारु ८६ मत लियाके विजयी भईल बाडन ।
उनकर निकटतम प्रतिस्पर्धी घनश्याम चौधरी के ५६ मत मात्र आईल बा । उपसभापति मे आत्माराम अधिकारी ८० मत आ छोटेलाल यादव ८२ मत लियाके विजयी भईल बाडन । सचिव मे उमा अधिकारी ८७ मत आ अर्जुन गिरी ७५ मत लियाके विजयी भईल बाडन । सहसचिव मे रामसुनर महतो ८६ आ सुकदेव दास ७५ मत लियाके विजयी भईल बाडन ।
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका के कांग्रेस सभापति मे मिन बहादुर श्रेष्ठ संतोष के प्यानल से निर्वाचित भईल बा । संस्थापन ईत्तर समूह से सभापति के उम्मेदवार बनल रामकृष्ण पन्त के प्यानल के पराजित करत श्रेष्ठ के प्यानल ३२ गो पद मे विजयी भईल बा ।
१४ गो पालिका रहल पर्सा के ५ गो पालिका मे कांग्रेस के नयाँ नेतृत्व चयन के खातिर शनिचर के दिने मतदान भईल रहे । ९ गो पालिका मे एकरा से पहिले हि सर्वसम्मत नेतृत्व चयन भइल रहे । पर्सा मे कांग्रेस के जिल्ला अधिवेशन होखेके बाँकी बा ।






