पाठेघर गिरेके समस्या सम्बन्धी पत्रकार से बतकही कार्जक्रम, जनचेतना जगावल जरुरी बा : सरोकारवाला

पाठेघर गिरेके समस्या सम्बन्धी पत्रकार से बतकही कार्जक्रम, जनचेतना जगावल जरुरी बा : सरोकारवाला

वीरगंज २२ बैशाख

पाठेघर गिरेके समस्या मधेश के जनानी मे भी व्यापक रहला से उ सम्बन्धी सचेतना जरुरी रहल सरोकारवालालोग जोड देहले बाडन । हेल्थ मिडिया प्रालि, नारायणी अस्पताल आ राष्ट्रिय स्वास्थ्य, शिक्षा तथा सूचना केन्द्र के संयुक्त आयोजना मे शनिचर के दिने वीरगंज मे पुरा भईल ‘पाठेघर गिरेवाला समस्या सम्बन्धी पत्रकार बतकही कार्जक्रम’ मे सरोकारवालालोग अईसन बतवले बाडन ।
नारायणी अस्पताल के स्त्री तथा प्रसूति रोग विशेषज्ञ डा. मन्जु राय कम उमिर मे माई बन्लापर, घर मे सुत्केरी करईला पर, व्यथा बढके सुत्केरी करईला पर, कम समय के अन्तर मे सन्तान जन्मईला पर, सुत्केरी से आराम ना मिलला पर आदि कारण से जनानी मे पाठेघर गिरेके समस्या बेसी देखल गईल बतवनी । उ धुम्रपान करेवाला आ दम के समस्या भईल जनानी के पाठेघर गिरेके जोखिम आउर बेसी होखेला कहके बतवनी । कैयन जनानी मे महिनावारी सुखला के बाद भी ई समस्या देखल जाला कहके बतवनी ।
पाठेघर गिरेके समस्या के निःशुल्क ईलाज आ अप्रेशन होखेवाला भईला पर भी तराई मे बेमारी लुकाके राखेके आ जटिल समस्या ना होखे तक अस्पताल ना आवेवाला प्रवृति से भी ई समस्या बढ रहल बतवनी । ‘पहाड मे समस्या देखल गईला पर जनानीलोग खुलके आवेके माकिर तराई मे ना खुल के आवेके प्रवृति बेसी बा,’ कहत उ, ‘नारायणी अस्पताल मे मात्र बितल आव मे ५० आ चालु आव मे अभी तक ५५ जनानी के गिरल पाठेघर के शल्यक्रिया कर चुकल बानी ।’
डा राय जनानी तथा पुरुष दुनु के प्रजनन स्वास्थ्य सम्बन्धि जानकारी होखेके, बालवियाह रोकेके, २ गर्भ बीच समय के अन्तर राखेके, गर्भवती के अस्पताल मे सुत्केरी करावेके, सुत्केरी अवस्था मे आराम देवेके, जनानी से धुम्रपान ना करेके, पीडित जनानी से कानुनी उपचार खोजेके आ बेमारी बारे मे सचेतना फईलावल हि ई समस्या के न्यूनीकरण करेवाला उपाय रहल बतवनी ।
वीरगंज महानगरपालिका कार्यालय जनस्वास्थ्य महाशाखा के प्रजनन् स्वास्थ्य कार्जक्रम संयोजक इन्दिरा लोहनी महानगर मे भी ई समस्या निरन्तर देखाई देरहल बतवनी । खास करके महानगर के वार्ड नं. १७ से ३२ वार्ड तक ई समस्या बेसी मिलल उ बतवनी । ई वार्ड महानगर के ग्रामीण वार्ड ह ।
स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के प्रमुख डा मुक्तिनारायण साह मधेश के प्रजनन् उमिर के जनानी मेसे १० से ४० प्रतिशत तक जनानी मे पाठेघर गिरेके समस्या रहल बतवनी । उ उमिर बढत गईला पर जनानी मे ई समस्या आउर बढत गईल बतावत उ मधेश मे स्वास्थ्य उपर कम चाँसो आ संवेदनशील ना भईला से प्रवृति से भी ई समस्या बढ रहल बतवनी ।
सरकारी वकिल कार्यालय मकवानपुर के सहन्यायाधीवक्ता विष्णुकुमारी चौधरी पाठेघर गिरेके समस्या देशव्यापी रुप मे बढल आ जटिल होत गईला पर भी ओकर सम्बन्ध मे ठोस कानुन आइल बतवनी । उ कहनी, संविधान के धारा ३५,३८, ४२ आ ४६ मे क्रमशः स्वास्थ्य सम्बन्धी हक, जनानी के हक, सामाजिक न्याय के हक आ संवैधानिक ईलाज के हक के व्यवस्था रहल आ ई समस्या पीडित जनानी ईहे आधार मे ईलाज के व्यवस्था खोजेके स्थिति रहल बतवनी ।
देश संघीयता मे जाएसे पहिले पाठेघर गिरेके समस्या के रोकथाम आ शल्यक्रिया सम्बन्धी कार्यविधि निर्देशिका २०६५ अईला पर भी निर्देशिका मात्र से ई समस्या के उचित सम्बोधन करे खातिर पर्याप्त भूमिका खेले ना सकल उ बतवनी ।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के उपाध्यक्ष युवराज खडकाके अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम के सहजीकरण हेल्थ मिडिया प्रालि के भिषा काफ्ले कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।