देवाही गोनाही के मेयर धर्मेन्द्र पटेल पकडईलें

रौतहट १५ फागुन
रौतहट के देवाही गोनाही नगरपालिका के मेयर धर्मेन्द्र पटेल पकडाईल बाडन ।
उनका के दु लाख नगद आ साढे दु लाख रोपोय के चेकसहित अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के केन्द्रीय कार्यालय के टोली पकडले बा ।
नगरपालिका के वार्ड नम्बर १ के अध्यक्ष शेख नुरुल्लाह सँगे घुस लेहल आरोप मे अख्तियार के टोली उनका के पकडले बा ।
प्रमुख जिल्ला अधिकारी कृष्णबहादुर शाही अख्तियार के टोली मेयर पटेल के पकडल पुष्टि कईनी । मेयर पटेल, उनकर स्वकीय सचिवलगायत चार जने पकडईला पर भी उलोग के बारे मे आउर विवरण आवेके बाँकी रहल बा ।
पटेल पकडाईल खबर सँगे स्थानीय के एक समूह मेयर के फँसावेके खोजल कहत नगरपालिका कार्यालय घेराव कईले बा ।





