धाङ्गड समुदाय के संस्कृति प्रवद्र्धन अभियान शुरु

वीरगंज १६ फागुन

लोपउन्मुख जात के रुप मे सुचिकृत तराई मे बसोवास करेवाला धाङ्गड जात के धर्म, संस्कृति आ परम्परा के संरक्षण करे खातिर वीरगंज मे धाङ्गड समुदाय के संस्कृति प्रबद्र्धन अभियान शुरु भईल बा ।

हमनी के संस्कृति हमनी के अभियान, धाङ्गड समुदाय के संस्कृति प्रबद्र्धन मे युवा के अभियान कार्जक्रम अन्तर्गत आजु वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नम्बर ३१ सोलखपुर मे धाङ्गड समुदाय के भेषभुषा, संस्कृति आ परम्परा के झाँकी, नृत्य प्रस्तुत कईल रहे ।

वीरगंज महानगरपालिका, एसियन फर पिस रिसर्च एण्ड डेभलम्पमेन्ट, शान्ति मेलमिलाप केन्द्रद्वारा संयुक्त रुप मे आयोजना कईल कार्जक्रम के पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल उदघाटन करत लोपउन्मुख जात के धर्म, संस्कृति के संरक्षण करत विश्व माझ आपन मौलिक प्रस्तुति देखावे सकला पर पर्यटन के आकर्षित करत आय आर्जन भी करे सकेके बात मे जोड देहले रहनी ।

कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि के रुप मे रहल रेडियो नेपाल के पर्सा सम्वाददाता ध्रुव अधिकारी लोपउन्मुख जनजाति के रुप मे रहल धाङ्गड समुदाय के भेषभुषा, रितिरिवाज, धर्म संस्कृति के प्रचार प्रसार मे संचारकर्मीलोग के भूमिका भी महत्वपूर्ण रहल बतवनी ।

अल्पसंख्यक पिछडल जनजाति के रुप मे रहल धाङ्गड समुदाय के वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ३१ आ ३२ मे बसोवास रहल बा ।

शान्ति मेलमिलाप श्रोत केन्द्र पर्सा के अध्यक्ष रमाकान्त चौधरी के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे स्थानिय बुद्धिजीवी, संचारकर्मी, जनप्रतिनिधिलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।