फेटा गाँवपालिका के ३५ करोड ५२ लाख के बजेट सहित नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत

प्रभु यादव
बारा १० असाढ
बारा के फेटा गाँवपालिका आव २०७८÷०७९ के नीति तथा कार्जक्रम सर्वजनिक कईले बा ।
आठ वाँ गाँव सभा के सभातित्व कर रहल पालिका अध्यक्ष अमिरीलाल प्रसाद फेटा गाँवपालिका मे सर्वसुलभ, सुरक्षित सडक तथा यतायात, सर्वजनिक पुर्वधार मे सभे के पहुँच आ सहभागिता, कृषि मे उत्पादन आ विकास आत्मनिर्भर रोजगारी के सृजना, शिक्षा आ स्वास्थ्य मे समान्य सभे के पहुच, विभेद हिंसा आ समाजिक न्याय मे अधारित काम करेला नीति नियम बना के अगाडि बढेके जनकारी करावले रहनी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष अमिरीलाल प्रसाद बजेट प्रस्तुत करेला वार्ड अध्यक्ष जयप्रकाश दास के जिमा लगाईला वाद नीति तथा कार्जक्रम प्रस्तुत कईले रहलन । वार्ड अध्यक्ष दास गाँवपालिका के ३५ करोड ५२ लाख के नीति तथा कार्जक्रम सर्वजनिक कईले रहनी । नेपाल सरकार से समानिकरण अनुदान १० करोड ९० लाख, विशेष अनुदान ८३ लाख एक घर एक चापा कल, समपुर्क अनुदान ४२ लाख, शसर्त अनुदान १५ करोड २८ लाख, राजश्व वाँडफाट छव करोड १३ लाख ५९ हजार के सर्वजनिक कईले रहलन ।
प्रदेश के समानिकरण अनुदान ७३ लाख २९ हजार, विशेष अनुदान ३० लाख, समपुरक अनुदान २० लाख चालू अनुदान २२ लाख ६९ हजार आन्तरिक बजेट २० लाख आ आन्त्रिक स्रोत से ३० लाख रहल वडा अध्यक्ष दास जनकारी करावले।बानी । कार्यक्रम मे गाँवपालिका के कार्यपालिका सदस्य लोग, कर्मचारी आ संचारकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






