सवारी दुर्घटना मे १ के मृत्यु, ३ घायल

बारा १८ फागुन

बारा मे भईल अलग अलग सवारीसाधन दुर्घटन मे १ जने के मृत्यु भईल बा । ३ जने घायल भईल बाडन ।

बारा के कोल्हबी नगरपालिका मे मोटरसाइकल ठोकर देहला पर एक पैदलयात्री के मृत्यु भईल बा । कोल्हबी नगरपालिका वार्ड नम्बर ६ अधन्वा स्थित सडक मे ना ६४ प ७२४ नम्बर के मोटरसाइकल ठोकर देहला पर स्थानीय ८० बरीस के भोलिया देवी थरुनी के मृत्यु भईल बा ।

पुलीस के मुताविक पैदलयात्री थरुनी के मोटरसाइकल ठोकर देहला पर ईलाज के खातिर वीरगंज के सुर्या अस्पताल मे लियावल गईल आ ईलाज के समय मे मंगर के रात १० बजे उनकर मृत्यु भईल बा ।

ठोकर देवेवाला मोटरसाइकल आ ओकर चालक कोल्हबी नगरपालिका ८ के २५ बरीस के वशिष्ठ चौधरी के पुलीस नियन्त्रण मे लेहल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक राजेश थापा जानकारी देहनी ।

एहितरे बारा के सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नंबर ९ बसवरिया टोल स्थित नहर सडक खण्ड के पुल मे मोटरसाइकल ठोकईला पर मोटरसाइकल चालक गम्भीर घायल भईल बाडन । कचोर्वा से फिर्ता होखेके समय मे बीआर ०५५ जेड १६५१ नम्बर के मोटरसाइकल खुदे अनियन्त्रित होके पुल मे ठोकाके पुल के निचे गिरल रहे ।

दुर्घटना मे मोटरसाइकल के चालक भारत के मोतिहारी जिल्ला के निरपुर ग्राम के २५ बरीस के सियाराम कुमार लहेरा गम्भीर घायल भईल बाडन । मुडि आ चेहरा मे चोट लागल उनकर नगरहस्पिटल सिम्रौनगढ मे ईलाज हो रहल प्रहरी चौकी बारागढी जनवले बा ।

इहितरे पुर्व पश्चिम राजमार्ग अन्तर्गत बारा के सडकखण्ड मे दु गो मालवाहक सवारीसाधन दुर्घटना भईला पर दुनु गाडी के चालक सामान्य घायल भईल बाडन ।

बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ स्थित काजघाट जाएवाला रास्ता मे मे.१ ख.२०६५ नम्बर के मिनिट्रक आ प्रदेश २–०३–००१ ख ४४४४ नम्बर के टिपर एक आपस मे ठोकईला पर दुनु सवारी साधन के चालक समान्य घायल भईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।