ज्यान मारेवाला उद्योग के आरोप मे दु जने पकडईलें

वीरगंज २४ फागुन
पुलीस पर्सा से शरीर बन्धक, ज्यान मारेवाला उद्योग तथा सामूहिक बलात्कार मुद्धा के २ जने अभियुक्त के पकडले बा ।
प्रहरीले धोबिनी गाँवपालिका– ५ रहेवाला ५१ बरीस के महादेव कहेवाला शेराजुल मिया आ ५० बरीस के जोहरा खातुन के पकडले बा ।
उलोग विरुद्ध शरीर बन्धक, ज्यान मारेवाला उद्योग तथा जबर्जस्ती करणी कसूर मे उजुरी परला से पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
फागुन ११ गते रात ९ बजे ४६ बरीस के जनानी के उनकर मरद, सौता आ आउर तीन जने मिल के घर मे हि बन्धक बनाके पिटपाट करके गम्भीर घायल बनवले रहलन । घटना के बाद पिटपाट मे संलग्नलोग फरार रहलन । २४ फागुन सबेरे इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के टोली अभियुक्त मेसे २ जने के नियन्त्रण मे लेहल पुलीस जनवले बा ।
उलोग विरुद्ध शरीर बन्धक, ज्यान मारेवाला उद्योग तथा सामूहिक जबरजस्ती करणी मुद्दा मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
घटना के बाद फरार रहल पीडित जनानी के मरद, सौता आ आउर १ जने के खोजी हो रहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।





