वीरगंज मे कईल परीक्षण मे ५० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज १३ भादो
वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण मे ५० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । शुक के दिने ४ सय ३३ गो स्वाब नमुना परीक्षण कईला पर ५० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
१५ बरीस से ५६ बरीस के संक्रमित मेसे ५ जने जनानी बाडि । पर्सा के ३१, बारा के ८ जने, रौतहट के १ जने, सर्लाही के २ जने, महोत्तरी के ३ जने, धनुषा के ४ जने आ काठमाण्डु के १ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डाक्टर अतुलेश चौरसिया जानकारी देहनी । उनका मुताविक संक्रमित के सिटी भ्यालु १५ से ३२ तक बा ।
पर्सा के ३३ जने मेसे १० जने पोखरिया नगरपालिका, ३ जने कालिकामाई, वीरगंज लगायत के जगहा के बाडन । एकरा से पहिले पर्सा मे ४ सय ५८ जने जनानी सहित २ हजार ६४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भइल बा ।
५ सय ८६ जने कोरोनामुक्त होके घर गईल बाडन । ३९ जनानी सहित १३१ जने आइसोलेसन मे, १ सय ७ जने जनानी सहित ८ सय १९ जने बईठल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा ।
१९ हजार १ सय ३० जने के स्वाब संकलन भईला मे ३ सय ४० जने के पीसीआर रिपोर्ट आवेके बाँकी बा । ३६ जने के कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल पुष्टि भइल बा । वीरगंज मे दु गो कोभिड अस्पताल सञ्चालन मे बा ।
७० बेड क्षमता के गण्डक कोभिड अस्पताल मे १८ जने जनानी सहित ४६ जने ईलाज करा रहल बाडन । ९ जने आइसियू मे बाडन ।
१ सय २० बेड क्षमता के कोभिड अस्पताल वीरगंज हेल्थ केयर मे २१ जनानी सहित ४६ जने ईलाज करा रहल बाडन । जउना मेसे २४ जने आइसियू मे बाडन ।





