घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ के महाधिवेशन वीरगंज मे होखी

वीरगंज २४ फागुन

नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ के २५ वाँ राष्ट्रिय महाधिवेशन तथा २२ वाँ राष्ट्रिय महिला उद्यमी सम्मेलन वीरगंज मे होखेके जनावल गईल बा । आवेवाला फागुन २६ आ २७ गते वीरगंज नगर सभा गृह मे होखेवाला महाधिवेशन तथा सम्मेलन के सभी तइयारी पुरा भईल जनावल गईल बा ।

नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ जिल्ला शाखा पर्सा आजु वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे महाधिवेशन तथा सम्मेलन के सभी तइयारी पुरा भईल महासंघ के केन्द्रिय अध्यक्ष श्याम प्रसाद गिरी बतवनी । महाधिवेशन तथा सम्मेलन के प्रधानमन्त्री शेर बहादुर देउवा फागुन २६ गते दिनके १ बजे वीरगंज के आदर्शनगरस्थित नगर सभा गृह मे उदघाटन करेके कार्जक्रम रहल अध्यक्ष गिरी बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे २ लाख ७० हजार से बेसी के हाराहारी मे रहल घरेलु तथा साना उद्योग करिब २७ लाख जनशक्ति के रोजगारी देहल बतावत अध्यक्ष गिरी बहुते जनशक्ति के आधार स्तम्भ होके भी घरेलु तथा साना उद्योग हरदम उपेक्षित रहल बतवनी ।

घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ मे अभी देश के ३ सय २८ गो पालिका मे पालिका संघ, ७७ गो जिल्ला मे जिल्ला संघ आ ७ गो प्रदेश मे प्रदेश संघ रहल पत्रकार सम्मेलन मे जानकारी करावल गईल रहे ।

संघ मे ४० हजार लघु, घरेलु तथा साना उद्योगी सदस्य रहल आ १२ हजार जनानी उद्यमीलोग महिला उद्यमी संजाल मे जुडल जनावल गईलल बा । पत्रकार सम्मेलन मे महासंघ के इतिहास मे पहिलका बेर महाधिवेशन काठमाण्डु बाहर वीरगंज मे होखे लागल आ ई महाधिवेशन से लघु, घरेलु तथा साना उद्योग आ जनानी उद्यमशीलता के क्षेत्र मे सुधार करेवाला नीति, नियम आ कानुन के बारे मे छलफल करके ठोस निष्कर्ष मे पुगेके योजना रहल अध्यक्ष गिरी बतवनी ।

नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ जिल्ला शाखा पर्सा के अध्यक्ष हिरा कानु के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे नेपाल घरेलु तथा साना उद्योग महासंघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष उमेश प्रसाद सिंह, उपाध्यक्ष मुकेश उपाध्याय, महासंघ के उपाध्यक्ष एवम् सुदुर पश्चिम प्रदेशका पूर्व राज्य मन्त्री प्रकाश रावल, महासंघ के उपाध्यक्ष सुर्य बहादुर कंडेल, हरिहर थापा, महासंघ के कर्णाली प्रदेश अध्यक्ष चन्द्र बहादुर वि.सि., कोषाध्यक्ष सत्यनारायण प्रजापति, केन्द्रि सदस्य एवम् बागमती प्रदेश के बरिष्ठ उपाध्यक्ष तारा चौलागाई, महिला उद्यमी समिति के केन्द्रिय उपाध्यक्ष रिता रावल, बागमती प्रदेश अध्यक्ष सुलोचना श्रेष्ठ लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।