११२ वाँ अन्तर्राष्ट्रिय जनानी दिवस के अवसर मे बारा मे बहुते कार्जक्रम भईल

प्रभु यादव

बारा २४ फागुन,

बारा मे ११२ वां अन्तर्राष्ट्रिय जनानी दिवस के अवसर मे बहुते जगह मे कार्जक्रम कईल गईल बा ।

समाजिक न्याय आ लैङ्गिक समानता दिगो विकास के सुनिश्चितता के खातिर सहयात्रा तथा स्याहार परियोजना के संयुक्त आयोजना मे जनजागरण युवा क्लव के अगुवाई मे कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १० मटिअर्वा मे नारा सहित के जुलुस के आयोजना कईल गईल बा ।

मटिअर्वा गाँव मे घुमावल गईल जुलुस मे युवा स्वयमसेवक, बाल समूह के लोग जुलुस मे सहभागिता रहल रहे । जनजागरण युवा क्लव के कोषाध्यक्ष सियाराम यादव कार्जक्रम संयोजक मनोज यादव लगायत मटिअर्वा गाँव के सजन लोग के सहभागिता रहल रहे । कलैया उपमहानगरपालिका के आयोजना मे विहान के दिगोपाना खातिर आजु समनता जरूरी बा नारा सहित के बायनर लेके संघ संस्था के लोग जुलुस मे सहभागी भईल रहलन ।

कलैया के नगर परिक्रमा कर के जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे कार्जक्रम सम्पन्न भईल रहे । प्रसौनी गाँवपालिका से नारी लोग के समान आ अधिकार सम्बन्ध मे कार्जक्रम कईले रहल रहे । प्रसौनी गाँवपालिका के अगाडि भईल कार्जक्रम के अध्यक्षता गाँवपालिका उपाध्यक्ष गीता साह प्रमुख अतिथि गाँवपालिका के अध्यक्ष भोला प्रसाद गुप्ता, बिशिष्ट अतिथि प्रसाशकिय अधिकृत सुनिल केशरी, लेखा प्रमुख प्रेम बाबु पटेल, जेष्ट नागरिक समसुदिन मियां, वार्ड अध्यक्ष लोग सुरेश गुप्ता, बैजनाथ गुप्ता, आनन्द गुप्ता, राममणी साह लगायत जनानी लोग के सहभागिता रहल रहे । प्रसौनी गाँवपालिका से नारी दिवस के अवसर मे शिक्षा, स्वास्थ्य, सञ्चार बिमा सरसफाइर्, जनचेतना मुलक कार्य लगायत से समाज मे योगदान कईल निशाा थापा, चन्दा कुमारी साह, कृष्णा चौधरी, कबिता देवकोटा न्यौपाने, देवमुर्त देवी, सरिता कुम्हाल, प्रमा थापा लगायत के ७ जने जनानी कर्मचारी लोग के सम्मान कईल गईल रहे ।

कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २१ भोडहा मे महालक्ष्मी महिला समूह के आयोजना मे घर सेही जनानी हिंसा के अनत करी नारा सहित बतकही कार्जक्रम के आयोजना कईले रहलन । बतकही कार्जक्रम मे समाज सेवी सियाराम यादव वार्ड नम्वर २१ के वार्ड अध्यक्ष पुन्देव रौनिया सहित भोडहा के सचेत नागरिक लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।