हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुहद्धारा गुरु सम्मान तथा होली मिलन कार्जक्रम

वीरगंज २८ फागुन

हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह आजु ओम शिवशक्ति बचत तथा ऋण सहकारी संस्था परवानीपुर मे गुरु सम्मान तथा होली मिलन कार्जक्रम पुरा कईले बा ।

समुह के अध्यक्ष अरुण कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि के रुप मे हिमालयम माबि के शिक्षक मदन मोहन शर्मा (गुरु शर्मा), सचितानन्द कर्ण, प्रमोद पाण्डेय आ राज कुमार साह के दोसला तथा अबिर लगाके सम्मान कईल रहे । उलोग के माया के चिनो भी देहल गईल रहे ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि शिक्षक मदन मोहन शर्मा (गुरु शर्मा) भुतपुर्व बिद्यार्थीलोग के एकता देख के खुशी लागल बतावत बिद्यार्थीलोग के नयाँ किसिम के अभ्यास से नयाँ पुस्ता के एक फरक शिक्षा देवेके भी बतवनी । उ आवेवाला दिन मे शिक्षकलोग के आउर उच्च मनोवल के साथ काम करेके हौसला प्राप्त भईल भी बतवनी ।

उ अवसर मे शिक्षक सचितानन्द कर्ण, प्रमोद पाण्डेय आ राज कुमार साह लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी । उ अवसर मे हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह के अध्यक्ष अरुण कुमार साह संस्था के बारे मे चर्चा कईले रहनी । एहितरे हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह के कोषध्यक्ष नवजात शिशु तथा बाल रोग बिशेषज्ञ डाक्टर आनन्द कुमार रौनिया निःशुल्क बहिरंग सेवा संचालन करेके घोषणा कईनी ।

कार्जक्रम के सहजीकरण रंजित गुप्ता तथा द्वपेन्द्र ठाकुर संयुक्त रुप मे कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।