कांग्रेस बारा के सभापति मे राजेश राय यादव विजयी

बारा ३० फागुन

नेपाली कांग्रेस के बारा जिल्ला सभापति मे राजेश राय यादव निर्वाचित भईल बाडन । सोमार के सबेरे ओराईल मतगणना के नतिजा मुताविक प्रतिस्पर्धी शम्भुबहादुर बुढाथोकी के ५२ मत अन्तर से पराजित करत यादव सभापति मे विजयी भईल बाडन । सभापति मे विजयी यादव, कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर भी हउवन ।

जिल्ला सभापति चयन के खातिर एतवार के दिने भईल दुसरक चरण के मतदान मे यादव १ हजार २ सय ६ मत मिलल रहे । बुढाथोकी के १ हजार १ सय ५४ मत मिलल रहे ।

सभापति मे निर्वाचित यादव आ उनका से पराजित बुढाथोकी दुनु जने पार्टी सभापति शेरबहादुर देउवा समूह के हउवन । बितल बुध के दिने भईल पहिलका चरण के निर्वाचन मे सभापति के ३ जने उम्मेदवार मेसे पार्टी के विधान मुताविक केहु भी ५१ प्रतिशत मत लियावे ना सकला के बाद एतवार के दिने दुसरका चरण के मतदान भईल रहे । दुसरका चरण के मतदान मे कुल २ हजार ४ सय ८० मत मेसे २ हजार ४ सय ८ मत गिरल रहे ।

पहिलका चरण के मतदान मे तिसरका जगहा के मत लियाके दुसरका चरण के प्रतिस्पर्धा से बाहर निकलल शेखर कोइराला आ कृष्ण सिटौला समूह के उम्मेदवार रामानन्द यादव राजेश राय यादव के समर्थन कईले रहलन । माकिर रामानन्द यादव के प्यानल से उपसभापति, सचिव आ सहसचिव मे उम्मेदवारी देहललोग दुसरका चरण के मतदान मे शम्भु बुढाथोकी के समर्थन कईले रहलन ।

बाँकी पदाधिकारी आ सदस्यलोग के मतगणना सोमार के दिन से शुरु होखेके सहायक निर्वाचन अधिकृत गंगेश्वर अधिकारी जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।