ग्यास बुलेट के ठोकर से साइकल यात्री के मृत्यु

वीरगंज १५ भादो

वीरगंज मे मंगर के दिन के एलपिजी ग्यास लेहल बुलेट के ठोकर से एक जने साइकल यात्री के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे पर्सा के बहुरमाई नगरपालिका– २ पिपरा निवासी ३० बरीस के लालबाबु साह तेली रहल बाडन ।

वीरगंज महानगरपालिका ३० ड्राइपोर्ट बहुअरी चोक मे, एनएल ०१ एबी ४३७३ नम्बर के ग्याँस बुलेट साइकल मे सवार तेली के ठोकर मारला पर उनकर घटनास्थल मे मृत्यु भईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

वीरगंज के अलौं सिर्सियास्थित एकीकृत भन्सार जाच चौकी (आइसीपी) से वीरगंज के पावरहाउस चोक ओरी आ रहल ग्याँस बुलेट बहुदरमाई नगरपालिका से वीरगंज आरहल साइकलयात्री साह के ठोकर देहले रहे ।

ठोकर देवेवाला ग्यास बुलेट आ ओकर चालक भारत के मुजफरपुर घर भईल २६ बरीस के ललन कुमार राय के पुलीस नियन्त्रण मे लेहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।