वीरगंज मे चईत २५ आ २६ गते अन्तराष्ट्रिय तेक्वान्दो च्याम्पियनशिप प्रतियोगिता होखी

वीरगंज २१ चईत

नेपाल तेक्वान्दो संघ पर्सा इहे चईत २५ आ २६ गते वीरगंज मे पर्सा अन्तराष्ट्रिय तेक्वान्दो च्याम्पियनशिप आयोजना करे लागल जनवले बा । आवेवाला १४ वाँ साग गेम आ १९ वाँ एशियन गेम इन्डोनेशिया के भी मध्यनजर करत प्रतियोगिता आयोजना करे लागल तेक्वान्दो संघ पर्सा के अध्यक्ष गणेश मान श्रेष्ठ बतवनी ।

वीरगंजस्थित नगर सभा गृह मे रहल अत्याधुनिक सुविधा सम्पन्न कर्भड हल मे आयोजना होखेवाला प्रतियोगिता मे नेपाल के, भारत तथा बगंलादेश करके १७ टीम सहभागी होखेके अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी । खेलाडी, रेफ्री, प्रशिक्षक करके प्रतियोगिता मे करिब तीन सय जने के सहभागिता रहेके भी उ जानकारी देहनी ।

नेपाल तेक्वान्दो संघ के प्राविधिक सँगे के समन्वय मे प्रतियोगिता सञ्चालन कईल जाई । प्रतियोगिता मे करिब ३० लाख रोपेया खर्च होखेके अनुमान कईल तेक्वान्दो संघ सोमार के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे बोलत अध्यक्ष श्रेष्ठ जानकारी करवनी ।

प्रतियोगिता मे प्रथम होखेवाला के रु ७५ हजार, द्वितिय होखेवाला के ५० हजार आ तृतिय होखेवाला के रु २५ हजार बराबर के पुरस्कार से पुरस्कृति करेके आयोजक जनवले बा ।

पर्सा जिल्ला तेक्वान्दो कार्य समिति २०५९ साल से नेपाल तेक्वान्दो संघ से स्वीकृती प्राप्त करके स्थापनाकाल से हि राष्ट्रिय तथा अन्तराष्ट्रिय खेलाडी उत्पादन करत आईल बा । वीरगंज क्षेत्र के मात्र ना होके खेलकुद जगत मे सभी देशवासी के शीर उच्च राखेमे सफल भईल बतावल गईल बा ।

कार्जक्रम संयोजक बिरेन्द्र बहादुर कुर्मी क्षेत्री के अध्यक्षता मे भईल पत्रकार सम्मेलन मे तेक्वान्दो के प्रशिक्षक विजय साह ठाकुर, मोहमद शकिक शेख, नाजिर हुसेन, बरिष्ठ सल्लाहकार निशान्त लामिक्षाने, कोषाध्यक्ष रोशन कलवार, अरुण झा, राजु साह लगायत के उपस्थिती रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव भुषण यादव कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।