विन्दवासिनी गा.पा.–४ के वार्ड कार्यालय उदघाटन

वीरगंज २४ चईत

पर्सा के बिन्दवासिनी गाँवपालिका वार्ड नं. ४ अमरपट्टी मे निर्माण भईल वार्ड कार्यालय भवन के आजु एगो कार्जक्रम के बीच उदघाटन भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी पूर्व मन्त्री एवम् नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य अजय चौरसिया उदघाटन कईले बानी । उदघाटन कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेता चौरसिया वार्ड कार्यालय के भवन निर्माण से वार्ड कार्यालय के कामकाज संचालन मे सहज होखेके बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष अनुज कुमार चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली काङ्ग्रेस पर्सा के सभापति जनद्र्धन सिंह क्षेत्री, उप सभापति अशोक कुमार गुप्ता, गाँवपालिका के उपाध्यक्ष किरण देबी गुप्ता, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत राजु साह, लेखा प्रमुख मिथिलेश चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे । कार्जक्रम के संचालन गाँवपालिका के कर्मचारी रमेन्द्र नाथ तिवारी कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।