वीरगंज मे चिनियाँ राष्ट्रपति विरुद्ध प्रदर्शन

वीरगंज १४ माघ
राष्ट्रिय एकता अभियान चिनियाँ हस्तक्षेप विरूद्ध पर्सा मे प्रदर्शन कईले बा । वीरगंज स्थित घण्टाघर मे भईल प्रदर्शन के समय मे चिनियाँ राष्ट्रपति सी चिङपिङ विरूद्ध नाराबाजी करत प्रदर्शन कईल गईल बा ।
प्रदर्शन के समय मे अभियान के अभियन्तालोग चीन सरकार मुर्दाबाद, चिनियाँ हस्तक्षेप बन्द कर, सीमा अतिक्रमण बन्द कर, अघोषित नाकाबन्दी खुला कर आ नेपाली विद्यार्थीलोग के पढाइ सूचारु कर लागयत के नारा भी लगवले रहलन ।
एहितरे नेपाल के आन्तरिक मामिला मे हस्तक्षेप कईल कहत अभियन्तालोग ‘गो ब्याक चाइना’ लगायत के प्ले कार्ड लेके चीन विरुद्ध नारा लगवले रहलन ।
अभियान निकट राष्ट्रिय विधार्थी परिषद् के केन्द्रीय संयोजक विवेक कुशवाहा के नेतृत्व मे भईल प्रदर्शन मे चिनियाँ राष्ट्रपति सी चिङपिङ के पुतला भी जरावल गईल बा ।






