पर्सा मे दु नाले बन्दुक सहित ३ जने पकडईलें

वीरगंज २४ चईत
सशस्त्र पुलीस पर्सा से बन्दुकसहित ३ जने के पकडले बा । पर्सागढी नगरपालिका– ५ रहेवाला ४१ बरीस के प्रेम ठाकुर, ५५ बरीस के रामजी ठाकुर आ एक १६ बरीस के युवक पकडाईल बाडन ।
उलोग के साथ से सुपर क्वालिटी लङ रेञ्ज लिखल दु नाले बन्दुक १ थान, बन्दुक मे लागेवाला कार्टिज १ थान भी बरामद भईल सशस्त्र प्रहरी बल १३ नं. हेड क्वार्टर पर्सा के प्रमुख तेजप्रसाद पोखरेल जानकारी देहनी ।
बियफे के सबेरे ९ बजे सबैठवा से ना. ५७ प ३६२८ नम्बर के मोटरसाइकल मे पर्सागढी ओरी जा रहल समय पर्सा के विन्दवासिनी गाँवपालिका–३ नहरचोक से उलोग के बन्दुक सहित पकडल गईल उ बतवनी । हथियार, मोटरसाइकलसहित पकडाईल तीनु जने के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे बुझावल गईल बा ।





