वीरगंज सहितका पर्सा के सभी पालिका मे कांग्रेस आ जसपाबीच ‘मित्रवत प्रतिस्पर्धा’ करेके सहमति

वीरगंज ०३ बैशाख
वैशाख ३० गते होखेवाला स्थानीय तह के निर्वाचन मे पर्सा जिल्ला मे सत्तारुढ गठबन्धन मे रहल दलसब नेपाली कांग्रेस आ जनता समाजवादी पार्टी (जसपा) ‘मित्रवत प्रतिस्पर्धा’ करेके निर्णय कईले बा । शनिचर के दिने कांग्रेस आ जसपा के नेतालोग बीच भईल छलफल से जिल्ला के १४ गो स्थानीय तह मे प्रतिस्पर्धा करेके निर्णय कईले बा ।
कांग्रेस पर्सा के सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री आ जनता समाजवादी पार्टी पर्सा के अध्यक्ष राम नरेश यादव संयुक्त प्रेस विज्ञप्ति जारी करके आपस मे प्रतिस्पर्धा के निर्णय भईल जानकारी देहले बाडन ।
‘स्थानीय नेता आ कार्यकर्तालोग के मनोभावना के कदर करत हमनी दुनु अलग अलग १४ गो स्थानीय तह मे मित्रवत प्रतिश्पर्धा करेके सहमत भईल बानी’ विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।
सत्ता गठबन्धन मे ६ गो महानगरपालिका भागवण्डा करेके समय मे वीरगंज महानगरपालिका मे कांग्रेस आ जसपा दुनु दावी कईले बाडन । वीरगंज महानगर बाहेक के आउर १३ पालिका मे पाँच दलबीच गठबन्धन करेके निर्णय कईला पर भी कांग्रेस पछाडि हटल रहे । उ दु जने केन्द्रीय सदस्य सहित के बईठक राख के कउनो भी पालिका मे गठबन्धन मे ना जाएके निर्णय कईले बा ।
पर्सा के कांग्रेस सभापति जनार्दन सिंह क्षेत्री जसपा भी गठबन्धन नईखे चाहत कहके सन्देश देवे खातिर सहमति कईल बतवनी । ‘उपर गठबन्धन के बईठक मे जसपा वीरगंज महानगर दावी कर रहल बात बा, माकिर निचलका तह मे उ अकेले लडेके सहमत देखल गईल बा ।’ कहतत उ ‘कांग्रेस मात्र ना जसपा भी पर्सा मे अकेले लडेके चाहता कहके सन्देश देवे खातिर सहमति मे पुगल बानी ।’
उ पालिका भा वार्ड स्तर मे जरुरत मुताविक जसपा भा गठबन्धन के आउर दल से मिलके जाएक खातिर केहु रोकटोक ना भईल बतवनी ।
जसपा पर्सा के अध्यक्ष रामनरेश यादव गठबन्धन के दलसबबीच तलमेल मिले ना सकला के बाद अलग अलग मित्रवत प्रतिस्पर्धा मे जाएके निर्णय कईल जानकारी देहनी ।
‘गठबन्धन के घटक दल मेसे माओवादी आन्तरिक द्वन्द्व मे फँसल बा । पर्सा मे कांग्रेस आ हमनी बीच हि मुख्य प्रतिश्पर्धा ह’ कहत उ, ‘आपस मे झै–झगडा ना करेके, शान्त वातावरण मे निर्वाचन सफल बनावेके निर्णय मे पुगल बानी ।’
नेकपा एकीकृत समाजवादी पार्टी के पर्सा अध्यक्ष बालगोपाल थापा पर्सा मे नेपाली कांग्रेस गैर राजनीतिक चरित्र प्रदर्शन कईल बतवनी ।
‘गठबन्धन संयोजक के भूमिका कांग्रेस के देहल गईल बा, कभो १३ गो पालिका मे मिल के जाएके कहेलन, कभो कउनो भी पालिका मे तालमेल ना करेके कहेलन । कभो गठबन्धन के आउर दल के ना बोलाके जसपा सँगे मात्र बईठक करेलन’, कहत उ ‘एकरा से उनकर गैरराजनीतिक चरित्र देखल जाला ।’






