स्थानीय तह के निर्वाचन मे जनानी सहभागीता शून्य मे पुगावे के षड्यन्त्र : नेतृलोग

वीरगंज १० बैशाख
स्थानीय तह के निर्वाचन मे जनानी सहभागीता शून्य करे खातिर राजनीतिक दलसब लागल कहत ओकर विरोध मे आजु वीरगंज मे जनानीलोग विरोध प्रदर्शन कईले बाडन ।
गठबन्धन के बहाना मे कउनो भी पद मे जनानी उम्मेदवार ना बनावेके षडयन्त्र दलसब से कईल कहत जनानी नेतृत्वलोग विरोध प्रदर्शन कईले बाडन । नेपाली काँग्रेस, लोकतान्त्रिक समाजवादी पार्टी लगायत दल के महिला नेतृ आ कार्यकर्तालोग वीरगंज मे आजु विरोध जुलुश निकाल के प्रदर्शन कईले बाडन । घण्टाघर चोक से नाराबाजी करत सुरु भईल जनानीलोग के विरोध जुलुश नगरपरिक्रमा के बाद फेनु घण्टाघर चोक मे पुगके कोणसभा मे परिणत भईल रहे ।
जुलुश मे सहभागी जनानी नेतृ आ कार्यकर्तालोग संविधान मुताविक गठबन्धन के नाम मे संविधान उलंघन करेके ना मिली, जनानी के सहभागीता सुनिश्चित कर जईसन नारा लगवले रहलन । कोणसभा के सम्बोधन करत जनानी नेतृलोग आसन्न स्थानीय तह के निर्वाचन मे गठबन्धन के नाम मे दलसब जनानीलोग के सहभागीता शुन्य बनावेवाला खेल मे लागल आरोप लगवनी । संविधान मे स्थानीय तह के प्रमुख भा उप्रमुख के उम्मेदवार मेसे एक जने जनानी अनिवार्य होखेके प्रावधान बा ।
माकिर अभी सभी राजनीतिक दल चुनावी गठबन्धन करके मेयर आ उपमेयर दुनु पद मे पुरुष उम्मेदवार के नाम अगाडि बढा रहला से जनानी उपर अन्याय हो रहल उलोग बतवनी । कोणसभा के सम्बोधन करत काँग्रेस नेतृत्व डाक्टर सुष्मा द्विवेदी पर्सा मे पालिकासब मे अभी हरेक दल जनानी वार्ड सदस्य बाहेक कउनो भी पद मे जनानी के उम्मेदवार ना बनावेके चलखेल कर रहल बतवनी ।
एकरा से संविधान मे जनानी से मिलल हक अधिकार के अपमान भईल कहत जनानी के खातिर दुर्भाग्य भईल उ बतवनी ।
चुनावी गठबन्धन के खुदसब विरोधी ना भईल कहत उ दलसब गठबन्धन कईला पर जनानी के ना होके पुरुष के मात्र उम्मेदवार मे अगाडि बढावल बतवनी । वीरगंज महानरग के उपमेयर के खातिर आंकाक्षी भी रहल उ वीरगंज महानगरके सन्दर्भ मे भी गठबन्धन करके दलसब मेयर आ उपमेयर दुनु मे पुरुष के हि उम्मेदवार बनावे खातिर चलखेल कर रहल बतवनी । लोसपा के नेतृ रम्भा मिश्र गठबन्धन के नाम मे सभी दलसब जनानी के हटाके पुरुष के मा उमेद्वार बनावेके षडयन्त्र कर रहल बतवनी ।
काँग्रेस नेतृ रुपा श्रेष्ठ ५० प्रतिशत से बेसी जनानी मतदाता भइला पर भी दलसब पुरुष के मात्र उम्मेदवार मे अगाडि बढाके देशभर के जनानीलोग उपर अन्याय कईल बतवनी ।






