जोगवनी मे सामान किनेमे कडाइ, रु. १०० से बेसी के सामान किनला पर भन्सार तिरेके पडि

विराटनगर १ सावन

मोरङ के कटहरी गाँवपालिका–५ के गीता यादव सोमार के दिने सीमावर्ती भारतीय बजार जोगवनी पुगके २ किलो धनियाँ, सरफ आ एगो साडी लेके घर फिर्ता आ रहल समय रानी नाका मे सशस्त्र प्रहरी बल रोकलख । झोरा देखईला के बाद पुलीस उनका के भन्सार तिरेके कहत भन्सार कार्यालय के काउन्टर मे पठवलख ।

भन्सार तिरके सामान लियावे के खोजला पर उनका सँगे कर्मचारी खाद्य क्वारेन्टाइन जाँच के कागज खोजले । कागजात के बारे मे अनविज्ञ उ क्वारेन्टाइन के कागजात लियावे सकेके अवस्था ना रहे ।

कर तिरके लेजाएम कहला पर भी भन्सार कर लेवेके ना मानल, बुढ जनानी के सम्झावत भन्सार के कर्मचारी कहलें, ‘जहाँ से किनल बा उहाँ फिर्ता कर दिं, ई सामान लियावे ना मिली ।’

सुनसरी के बर्जु गाँवपालिका– ६ के उषा खवास तीन गो कुर्ता सुरुवाल लेके आईल रहली । सामान्य अवस्था मे रहला पर उनका भन्सार तिरे ना परत रहे । माकिर सोमार के दिने नाका मे खटल सशस्त्र प्रहरी बल लेजाए ना देहलन, पुलीस भन्सार के काउन्टर मे पठवलख । भन्सार के कर्मचारी दु सय के दर से ६०० रोपेया भन्सार तोकलें । भन्सार कडाइबारे अनविज्ञ उ भन्सार ना तिरके सामान लियावे ना मिलल ।

भन्सार तिरल रसिद देखईला के बाद जोगवनी से किनमेल करके फिर्ता आवेवाला के सशस्त्र प्रहरी सामान लेजाए देहले रहे ।

रानी नाका मे खटल सशस्त्र प्रहरी अधिकारीलोग के मुताविक एतवार के रात ८ बजे तक जोगवनी जाएवाला के भिड रहे । नयाँ आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के सुरुवात अर्थात सावन १ गते से भारत से सामान आयात मे कडाइ करेके निर्णय भईल जानकारी मिलल सर्वसाधारण असार ३१ तक भारतीय बजार मे बहुते किनमेल कईलें ।

‘आजु से कडाइ करेके सूचना जारी भईला के बाद काल्हु तक जोगवनी जाएवाला के भिड रहे’, नाका मे खटल एक प्रहरी अधिकृत कहलें, ‘आजु से नाका टाइट करे खातिर निर्देशन बा, आजु भिडभाड भी कम बा ।’

भन्सार कार्यालय सोमार से नाका मे कडाइ कईल जनवले बा । जोगबनी मे किनमेल करेवाला के चलते विराटनगर के बजार प्रभावित भईला के बाद विराटनगर महानगरपालिका भन्सार आ सुरक्षा निकाय से समन्वय करके सावन १ गते से लागु होखेवाला किसिम से भन्सार नाका मे कडाइ करेके सहमति कईले रहे । ई सहमति के विराटनगर के निजी क्षेत्र स्वागत कईले बाडन ।

विराटनगर भन्सार कार्यालय के प्रमुख ज्ञानेन्द्र ढकाल के मुताविक सोमार से एक सय रोपेया से बेसी शुल्क मे भारत से सामान लिअईला पर कर तिरेके पडि । खाद्यान्न सामान के आयात कईला पर अनिवार्य रुप मे क्वारेन्टाइन परीक्षण के रिपोर्ट चाहिं उ बतवनी ।

कम मात्रा मे दैनिक उपभोग्य सामान लिअईला पर खाद्य क्वारेन्टाइन जाँच झण्झटिलो बा । खाद्य सामग्री के आयात के निरुत्साहित करे खातिर क्वारेन्टाइन जाँच के रिपोर्ट अनिवार्य कईल उ बतवनी ।

उ उपभोक्ता के खाद्यवस्तु आयत मे निरुत्साहित करे खातिर नाका मे कडाइ कईल बतवनी । चिनी, चाउर, चियापत्ती, कफी, दुध, जिरा, धनियाँ, तोरी तेल, काजु, किसमिस लगायत उपभोग्य वस्तु मे क्वारेन्टाइन परीक्षण अनिवार्य कईल बा । स्वदेशी व्यवसाय आ बजार विस्तार के खातिर नाका मे कडाइ कईल उ बतवनी ।

भारत से आवेवाला एक सय रोपेया से बेसी के सामान लिअईला पर भन्सार तिरेके उनकर कहनाम बा । विराटनगर भन्सार नाका मे भईल कडाइ से राजस्व भी बढल उ बतवनी ।

सशस्त्र प्रहरी बल मोरङ के प्रहरी उपरीक्षक तीर्थ कार्की जिल्ला प्रशासन कार्यालय मोरङ मे भईल छलफल के बाद सोमार से रानी भन्सार नाका मे कडाइ कईल बतवनी । मोरङ के ६३ किलोमिटर क्षेत्र भारत से सीमा जुडल बा । जोगवनी बजार मे बेसी चहलपहल भईला के लचते उपभोक्ता के जोगवनी जाए खातिर निरुत्साहित करे ला सोमार से नाका मे कडाइ कईल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।