गौर हत्याकाण्डः १५ सावन से अनिश्चितकालीन रौतहट बन्द करेके चेतावनी

रौतहट ०६ सावन
आम जनता पार्टी (आजपा) के अध्यक्ष प्रभु साह ‘गौर हत्याकाण्ड’ के पीडित परिवार के न्याय दिलावे खातिर आपन पूर्ण साथ सहजोग रहेके बतवले बाडन ।
रौतहट के गरुडा मे शनिचर के दिने आजपा के गरुडा नगरकमिटीद्धारा आयोजना कईल भेटघाट कार्जक्रम के सम्बोधन करत अध्यक्ष साह अईसन बतवले बाडन । गौर हत्याकाण्ड पीडित संघर्ष समिति से घोषणा कईल आन्दोलन के अनेकन कार्जक्रम के प्रभावकारी बनावेके बतावत उ आन्दोलन मे पार्टी के समर्थन रहल बतवनी ।
प्रतिनिधि सभा सदस्य भी रहल पूर्व मन्त्री साह संसद मे ई बिषय बेर बेर उठावत पीडित परिवार के न्याय देवेके माग करत आईल बाडन । संसद मे साह गौर हत्याकाण्ड के दोषी के कारवाही करेके, पीडित परिवार के न्याय देवेके जोडदार रुप मे उठावत आईल बाडन ।
गौर हत्याकाण्ड के पीडित परिवार के न्याय दिलावे खातिर खुद प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड, गृहमन्त्री नारायणकाजी श्रेष्ठ से भी भेट करके छलफल कईल बतावत उ दोषी के कारवाही करावे खातिर आन्दोलन के विकल्प ना भईल बतवनी । सरकार मे रहल आदमी से आश्वासन मात्र मिल रहल बतावत उ आन्दोलन के शसक्त बनावेके बतवनी ।
बितल १ सावन मे पीडित संघर्ष समिति गौर मे विशाल प्रदर्शन करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे एक ज्ञापन पत्र बुझवले रहे । उ ज्ञापन पत्र मे गौर हत्याकाण्ड के पीडित के न्याय देवेके, दोषी के कानूनी कारवाही करेके, हत्याकाण्ड के मुख्य योजनाकार उपेन्द्र यादवा के कारवाही करेके लगायत के माग कईले बाडन ।
खुदसब के माग सम्बोधन ना भईला पर कडा आन्दोलन के चेतावनी भी संघर्ष समिति उहे ज्ञापनपत्र मार्फत देहले बा । दोषी के कारवाही के खातिर उलोग संघर्ष के अनेकन कार्जक्रम घोषणा भी कईले बाडन ।
१४ सावन तक मे माग पुरा ना कईला पर १५ सावन से रौतहट मे अनिश्चितकालीन आम हडताल करेके कार्जक्रम रहल बा । हत्याकाण्ड के आपराधि के कानूनी कठघेरा मे लियावे खातिर निरन्तर सरकार के ध्यानार्षण करईला पर भी कउनो सुनुवाई ना भईल कहत संघर्ष समिति बाध्य होके आन्दोलन के कार्जक्रम सार्वजनिक करेके जनावल गईल बा ।
सावन २ गते से १२ गते तक पालिकासब मे गौर हत्याकाण्ड के बारेमा जानकारी आ बतकही कार्जक्रम करेके, शहीद परिवार एवं पीडितलोग द्धारा धर्ना देवेके, १४ गते मोटरसाईकल जुलुस निकालेके कार्जक्रम रहल संघर्ष समिति के संयोजक रुपसागर देवी बतवनी ।
२०६३ चईत ७ गते दिनके १ बजे उपेन्द्र यादव नेतृत्व के तत्कालिन मधेसी जनअधिकार फोरम के कार्यकर्तालोग २८ जने माओवादी निर्दोष कार्यकर्ता के निर्मम हत्या कईले रहलन ।
उपेन्द्र यादव के नेतृत्व मे भईल उ घटना मे पर के २७ जने के घटना स्थल मे आ १ जने के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे आ सयो निर्दोष नागरिकलोग घायल भईल रहलन ।
गौर हत्या काण्ड भईला के बिहान भईल हि तत्कालिन गृहमन्त्री कृष्णप्रसाद सिटौला, सञ्चारमन्त्री कृष्णबहादुर महरा आ संयूक्त राष्ट्र संघीय मिसन (अनमिन) के प्रतिनिधि घटना स्थल पुगल रहलन । घटना के वास्वविक तथ्य पता लगावे खातिर नेपाल सरकार से तत्कालिन पुनराबेदन अदालत के न्यायाधिश हरिप्रसाद शर्मा के संयोजकत्व मे गठन कईल छानविन आयोग से बुझावल प्रतिवेदन आ राष्ट्रिय मानव अधिकार आयोग समेत के प्रतिबेदन से भी ई घटना राजनैतिक झडप ना होके जघन्य एवं अमानविय अपराध कईल निष्कर्ष निकलले रहे ।





