धनुषा मे दु गाँव के बासिन्दा बीच झडप, पुलीसद्वारा ६ राउण्ड अश्रु ग्यास प्रहार

जनकपुरधाम १९ असाढ,
बर्थिङ सेन्टर निर्माण के विषय मे धनुषा के विदेह नगरपालिका के दु वार्ड के बासिन्दाबीच भईल विवाद से झडप के रुप लेहले बा । झडप के नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस दु राउण्ड हवाई फायर भी कईले बा ।
वार्ड नम्बर २ मे बर्थिङ सेन्टर निर्माण के काम सुरु भईल बा । माकिर वार्ड नम्बर ३ के बासिन्दा आपन वार्ड मे बर्थिङ सेन्टर निर्माण होखेके माग राखत आ रहल बा । वार्ड नम्बर २ के बासिन्दा ओकर विरोध जनावत आ रहल बा ।


बर्थिङ सेन्टर निर्माण के विषय मे ई दु वार्ड बीच बियफे से हि झडप होत आ रहल बा । शुक के दिने सबेरेभी बर्थिङ सेन्टर निर्माण के विषय मे भईल विवाद से उग्र रुप लेहला के बाद भिड के नियन्त्रण मे लेवे खातिर दु राउण्ड हवाई फायर कईल धनुषा के प्रहरी प्रवक्ता रामेश्वर कार्की जानकारी देहनी ।
कार्की कहनी कि, “बियफे के दिने भी दुनु पक्ष के सम्झा बुझाके फिर्ता भईल रहनी । माकिर भवन निर्माण के विषय मे शुक के दिने भी दुनु पक्ष आपन आपन अडान राख के विवाद करे लगलन । दुनु पक्ष बीच भईल विवाद से उग्ररुप लेहला के बाद अश्रु ग्यास आ हवाई फायर करके भिड मे नियन्त्रण मे लेवेमे बाध्य भईल बानी ।”

कार्की के मुताविक विवाद करेवाला समूह से दुहबी सीमा प्रहरी चौकी मे भी ईटापथल करे लागला के बाद ६ राउण्ड अश्रु ग्यास आ ३ राउण्ड हवाई फायर करेके पडल बा ।
झडप मे एक जने के कान काटाईल
बर्थिङ सेन्टर निर्माण के विषय के लेके भईल झडप मे आधा दर्जन आदमी घायल भईल बाडन ।
झडप के समय मे एक जने के कान हि काटल पुलीस जनवले बा । दुनु पक्ष एक दोसर उपर पथल भी चलावल पुलीस जनवले बा ।
झडप के समय मे घायल घाईललोग के ईलाज के खातिर प्रादेशिक अस्पताल जनकपुरधाम लिआईल बा ।
प्रहरी प्रवक्ता कार्की के मुताविक अभी ई जगहा के अवस्था नियन्त्रण मे रहल आ बर्थिङ सेन्टर निर्माण के बारे मे दुनु पक्षबचि छलफल हो रहल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।