नेपाल भारत सीमा के लगे भारतीय इलाका में एगो महिला के गोली मार के हत्या कईल दिहल गईल बा।

जनकपुर ७ साउन
पुलिस के मुताबिक महिला के हत्या धनुषा के मुखिया मुसहरनिया गाउँपालिका २ स्थित दासगजा के पार भईल बा।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा के कहनाम बा कि काल्हु रात ८:३० बजे एगो अज्ञात ३५ बरीस के महिला के मोटरसाइकिल पर सवार दुगो अज्ञात लोग गोली मार के हत्या क देले ।
धनुषा के एसपी विश्वराज खड्का जानकारी देहले कि महिला के भारतीय होखे के आशंका बा, लेकिन इ निश्चित नईखे।
उ कहले कि, “हम घटनास्थल के नजदीक के लोग के फोटो देखा के लाश के बारे में पूछताछ करतानी, लेकिन केहु नईखे कहले कि उ लोग ओकरा के पहचानतारे।
महिला हाथ में घड़ी पहिनले बिया। घड़ी के समय देखला प भारतीय समय देखाई देता। हमनी के शक बा कि उ भारतीय हो सकता।”
एसपी खडका बतवले कि चूंकि घटना सीमा क्षेत्र के नजदीक दासगजा के पार भईल रहे एहसे धनुष पुलिस अधीक्षक विश्वराज खडका समेत टीम भी मौका प पहुंचल।
घटना अवुरी लाश के बारे में जानकारी खाती ओ इलाका के मुखिया के संगे






