धान रोपाइँ करे खातिर दमकल के प्रयोग बढल

वीरगंज १६ सावन

धान रोपाइँ के गीत गुञ्जेवाला समय पर्सा के खेत मे जहाँतहाँ दमकल मिल रहल बा । सावन के दुसरका हप्ता बितला पर भी पानी ना परला के बाद रोपाइँ के खातिर दमकल के प्रयोग करेके पर रहल बा ।

किसान खेत मे पानी लगावे खातिर दमकल के पईसा तिरेमे बाध्य बाडन । रोपल धान भी होखी कि ना कहके किसान चिन्तित बाडन । डिजल से चलेवाला दमकल के भाडा प्रतिघण्टा रु चार सय तथा बिजुली से चलेवाला के मूल्य प्रति घण्टा रु तीन सय तिरेके पर रहल किसान रामजनम साह बतवले बानी ।

गण्डक नहर मे पानी नईखे । स्थानिय तह कुलो सफा ना कईला से किसान समस्या मे परल बाडन । उलोग दमकल के भर मे खेत मे पानी पटावेमे बाध्य भईल बाडन । “आकासे पानी के कमी मे रोपाइँ करेमे समस्या भईला पर ई बरीस बाली उत्पादन घटेके अवस्था बा”, पर्सा के जगतपुर के सुरेशप्रसाद पटेल कहनी ।

बितल बरीस पानी के सुविधा भईला पर भी खाद उपलब्ध ना करईला से समस्या भईल रहे । ई बरीस सरकार समय मे खाद उपलब्ध करईला पर भी वर्षात ना भईला से किसान के समस्या भईल बा ।

पर्सा मे सावन के दुसरका हप्ता वितला पर भी ५० प्रशित मात्र धान रोपाइँ भईल कृषि ज्ञानकेन्द्र के बाली विकास अधिकृत सुरेशप्रसाद चौरसिया जानकारी देहनी । ग्रामीण भेग मे आकासे पानी ना परला से रोपाइँ मे देर भईल आ उत्पादन मे कमी आवेके उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।