अपहरण तथा शरीर बन्धक कसुर मुद्दा के फरार प्रतिवादी सहनी पकडईलें

वीरगंज १८ अगहन
अपहरण तथा शरीर बन्धक कसुर मुद्दा के एने जने फरार प्रतिवादी के रौतहट पुलीस पकडले बा ।
ईलाका प्रहरी कार्यालय बरहथवा, सर्लाही के कार्यालय प्रमुख प्रहरी नायब उपरिक्षक उमाशंकर यादव के कमाण्ड मे खटल टोली “अपहरण तथा शरीर बन्धक” कसुर मुद्दा के फरार प्रतिवादी जिल्ला सर्लाही बसबरिया गा.पा.वार्ड नं.२ मानपुर रहेवाला २३ बरीस के दिलिप सहनी के पकडले बा ।
सहनी बितल एक बरीस से पुुलीस के फरार सुची मे रहल रहलन । पकडाईल सहनी के आउर कारवाही के खातिर आजु ईलाका प्रहरी कार्यालय,गरुडा रौतहट पठावल गईल डिएसपी यादव बतवनी ।






