गौर हत्याकाण्डः संघर्ष समिति के आन्दोलन मे समर्थन जनावत कलैया मे प्रदर्शन

बारा १९ सावन
न्याय के माग करत आन्दोलनरत्त गौर हत्याकाण्ड पीडित संघर्ष समिति के सरकार वार्ता मे बोलवले बा ।
प्रधानमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद के कार्यालय शुक के दिने आन्दोलनरत संघर्ष समिति के वार्ता मे बोलवले बा । सरकार वार्ता मे बोलईला के बाद शनिचर के सबेरे प्रधानमन्त्री निवास बालुवाटार मे सरकार आ आन्दोलनरत समिति के बीच मे वार्ता होखेके तय भईल बा ।
प्रधानमन्त्री पुष्पकमल दाहाल प्रचण्ड आन्दोलनरत पक्ष के वार्ता मे आवेके आ वार्ता से समस्या के समाधान करे खातिर निहोरा कईल सहसचिव अर्जुन भण्डारी बतवनी ।
एहितरे न्याय के माग करत संघर्ष समिति से जारी राखल धर्ना लगायत आन्दोलन के कार्जक्रम मे समर्थन जनावत कलैया मे शुक के दिने प्रदर्शन भईल बा । आम जनता पार्टी (आजपा) निकट के आम विद्यार्थी मोर्चा समिति के आन्दोलन मे समर्थन जनावत उलोग के माग सम्बोधन के खातिर कलैया मे विरोध जुलुस के साथे जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
“गौर हत्याकाण्ड के दोषी के कारवाही कर, कानुनी शासन आ मानवअधिकार के रक्षा कर, कहके नारा सहित निकालल जुलुस मे आजपा बारा के इन्चार्ज अशोक लामा, विद्यार्थी मोर्चा के केन्द्रिय इन्चार्ज उमेश कुशवाहा, पार्टी एवं विद्यार्थी नेतालोग बिकास कुशवाहा, सन्देश साह, राकेश बैठा, दिपेन्द्र साह, सोनु कुशवाहा लगायत के विशेष सहभागिता रहल रहे ।
एकरा से पहिले समिति के आन्दोलन मे जनकपुर नागरिक समाज एक्यबद्धता जनावत उलोग माग पुरा करे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा मे बियफे के दिने ज्ञापन पत्र बुझवले रहे । एहितरे आजपा शनिचर के दिने काठमाण्डु मे प्रदर्शन करेके जनावल गईल बा । संघर्ष समिति के आन्दोलन मे एक्यबद्धता जनावत आजपा काठमाण्डु मे प्रदर्शन करे लागल प्रवक्ता चन्द्रभुषण साह बतवनी ।
२०६३ चईत ७ गते दिनके १ बजे उपेन्द्र यादव नेतृत्व के तत्कालिन मधेसी जनअधिकार फोरम के कार्यकर्तालोग २८ जने माओवादी निर्दोस कार्यकर्ता के निर्मम हत्या कईले रहलन । उपेन्द्र यादव के नेतृत्व मे भईल उ घटना मे पर के २७ जने के घटना स्थल मे आ १ जने के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल रहे आ सयो के संख्या मे निर्दोस नागरिकलोग घायल भईल रहलन ।
पीडितलोग के आन्दोलन मे आम जनता पार्टी (आजपा) भी समर्थन जनवले बा । पीडित परिवार के न्याय देवेके कहत आजपा अध्यक्ष एवं सांसद प्रभु साह संसद मे ई बारेमे बेर बेर बात उठावत आईल बाडन ।






