श्री राम सुगर मिल्स के लिलामी रद्द के माग करत ऊँखु उत्पादक संघ बुझवलें ज्ञापनपत्र

मेवालाल यादव
रौतहट २२ सावन
रौतहट जिल्ला के धरोहर के रुप मे रहल श्रीराम सुगर मिल्स के अनाधिकृत तवर से टेण्डर कईला मे ऊँख उत्पादक संघ के अगुवाई मे सदरमुकाम गौर मे लिलामी प्रक्रिया खारेज करके सञ्चालन करेके माग सहित प्रदर्शन कईल बा ।
श्री राम सुगर मिल्स लिमिटेड बेंचे ना मिली, श्री राम सुगर मिल्स लिमिटेड बचाऊ अभियान सफल बनाई, किसान एकता जिन्दाबाद, कवाडी के बहाना मे श्री राम सुगर मिल्स लिमिटेड बेंचे ना मिली लगायत के नाराबाजी करत प्रमुख जिल्ला अधिकारी मार्फत प्रधानमन्त्री के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन ।
ऊँख उत्पादक संघ रौतहट के अध्यक्ष अशोक यादव के अगुवाई मे गईल टोली मे पूर्व राजदूत डा. वंशिधर मिश्र, नेपाली काँग्रेस के जिल्ला सभापति एवं प्रदेश साँसद सुनिलकुमार यादव, प्रदेश साँसद शोभा देवी साह, किशोरी यादव, देवाही गोनाही नगरपालिका के मेयर प्रेमलाल साह, नेकपा एस के नेता वृजकिशोर यादव, जसपा नेपाल के नेता अनिल यादव, सुनिल यादव, रामनारायण यादव, दिपक यादव, रामभरोस यादव, रामचन्द्र गिरी, अनिल यादव, रामेश्वर यादव, युवा नेता राजकुमार दास तत्मा लगायत उद्योगी व्यापारीलोग प्रमुख जिल्ला अधिकारी धर्मेन्द्र कुमार मिश्र मार्फत प्रधानमन्त्री सहित सम्बन्धित निकाय मे ज्ञयापन पत्र बुझवले बाडन । ज्ञापन पत्र के बाद विपी चोक मे कोणसभा मे सहभागीलोग अनाधिकृत रुप मे लाखो ऊँख किसान के धरोहर के चोर रास्ता से लिलाम कईला मे तत्काल रद्द करके मिल्स के चलावे खातिर जोडदार माग कईले रहलन ।
किसानलोग कौडी के मोल मे जमिन देके चिनि मिल्स के संचालक के विक्री करे खातिर ना, उद्योग संचालन करे खातिर देहल जमिन के कउनो भी हालत मे विक्री करे ना देवेके चेतावनी देहले रहलन । हमनी के माग सम्बन्ध मे पाँच दिन मे राज्य से उचित सम्बोधन ना भईला पर आवेवाला २७ गते चिनी मिल्स गरुडा मे वृहद भेला मार्फत संघर्ष के कार्जक्रम तय करेके युवा नेता एवं व्यवसायी रामभरोस यादव बतवनी ।






