ठाकुरराम मे उत्तरपुस्तिका बदलेवाला धन्दा चलावेवाला गिरोह के दु जने रंगेहात पकडईलें

वीरगंज ३१ सावन
वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के परीक्ष मे उत्तरपुस्तिका हि फेरबदल करके पास करावेवाला गिरोह के दु जने बुध के दिने रङ्गेहात पकडाईल बाडन ।
बुध के दिने एक विद्यार्थी के पास करावे खातिर परीक्षा मे उत्तरपुस्तिका (कापी) बदलल आरोप मे वीरगंज के ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के परीक्षा शाखा के पुर्व प्रमुख सहित दु जने के बुध के दिने पुलीस पकडले बा । पुलीस क्याम्पस के परीक्षा शाखा के पूर्वप्रमुख मोहन यादव आ त्रिजुद्ध मावि परीक्षा केन्द्र के प्रमुख विनोद स्वर्णकार के उत्तरपुस्तिका बदल रहल अवस्था मे रङ्गेहात पकडले बा ।
ठाकुरराम क्याम्पस मे बरीसो से परीक्षा शाखा प्रमुख के रुप मे कार्यरत यादव एक महिना पहिले मात्र अवकाश लेहले रहलन । अभी उ वीरगंज के हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस के परीक्षा शाखा प्रमुख मे कार्यरत बाडन ।
ठाकुरराम क्याम्पस के बीबीएस दुसरका बरीस के परीक्षा केन्द्र वीरगंज के त्रिजुद्ध मावि मे तोकल गईल बा । बुध के सबेरे परीक्षा ओराए लागल समय मे यादव एक विद्यार्थी से देरहल परीक्षा के उत्तरपुस्तिका के बदले बाहर से लिखके लियावल दोसर उत्तरपुस्तिका राखेके कहत परीक्षा केन्द्र प्रमुख स्वर्णकार के देरहल समय मिलला के बाद यादव आ स्वर्णकार दुनु जने के रङ्गेहात पकडल गईल वडा प्रहरी कार्यालय वीर्ता के प्रहरी निरीक्षक विदूर शिवाकोटी बतवनी ।
शिवाकोटी के मुताविक, त्रिजुद्ध मावि के परीक्षा केन्द्र मे ठाकुरराम क्याम्पस के परीक्षा चल रहल आ उहाँ बाहर से लिखके लियावल उत्तरपुस्तिका बदलेके चलखेल हो रहल सूचना पुलीस के मिलल रहे । उहे सूचना के आधार मे बुध के सबेरे प्रहरी निरीक्षक शिवाकोटी नेतृत्व के प्रहरी टोली खटल रहे ।
क्याम्पस मे कार्यरत परीक्षा शाखा के बहालवाला कर्मचारी, पूर्व कर्मचारी, प्राध्यापक आ कुछ विद्यार्थी संगठन के नेतालोग के मिलीभगत मे विद्यार्थी से रोपेया लेनदेन करके परिक्षा मे उत्तरपुस्तिका हि बदलके पास करावेके धन्दा बरीसो से चलत आईल बा ।
क्याम्पस मे कार्यरत एक कर्मचारी कहनी, ‘ई धन्दा बरीसो से चलत आईल बा । एगो विषय के परीक्षा मे पास करावे खातिर विद्यार्थी से ३० से ३५ हजार रोपेया असुली कईल जाला । परीक्षा मे वास्तविक परीक्षार्थी के बदले नक्कली परीक्षार्थी के बईठाके लिखवावल भी जाला । कापी भी बदलल जाला । जदि खोजत गईला पर ई धन्दा मे क्याम्पस के एकसे एक आदमीसब के चरित्र पर्दाफास होखी ।’
इहे धन्दा बन्द होखी कहके हि दु महिना पहिले ठाकुरराम क्याम्पस के परीक्षा केन्द्र आउर जिल्ला मे तोकला के बाद विद्यार्थी संगठनसब आन्दोलन भी कईल उ कर्मचारी बतवनी । बुध के दिने परीक्षा केन्द्र से पकडाईल दुनु जने के जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राखके आउर अनुसन्धान हो रहल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दिपक गिरी जानकारी देहनी ।
दुनु जने विरुद्ध शिक्षा ऐन–२०२८ के दफा १७ मुताविक मुद्धा दर्ता करके कारबाही प्रकृया अगाडि बढावेके जानकारी भी उ देहनी । शिक्षा ऐन–२०२८ के दफा १७ मे प्रश्नपत्र के गोपनियता भंग कईला मे भा दोसर के परीक्षा देहला मे भा परीक्षा के मर्यादा भङ्ग कईला मे ओमे संलग्न के कसूर के मात्रा देखके १ लाख रोपेया जरीबाना भा ६ महिना कैद भा दुनु सजाय होखे सकेके उल्लेख बा ।






