पत्रकार झा सुबोध सिंह स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार से पुरस्कृत

वीरगंज ०१ भादो

प्रतीक प्रकाशन समूह हरेक बरीस देत आईल सुबोध सिंह स्मृति पत्रकारिता पुरस्कार ई बरीस वीरगंज के वरिष्ठ पत्रकार चन्द्रकिशोर झा के देहल गईल बा ।

वीरगंज के फोटो पत्रकार स्व. सुबोध सिंह के स्मृति मे प्रतीक प्रकाशन समूह से स्थापना कईल उ पुरस्कार से कान्तिपुर दैनिक के स्तम्भकार एंव खोज पत्रकारिता केन्द्र के अध्यक्ष भी रहल झा ई बरीस पुरस्कृत भईल बाडन ।

प्रतीक दैनिक पत्रिका के ३७ वाँ बार्षिकोत्सव के अवसर मे आजु आयोजना कईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह आ प्रतीक दैनिक के प्रधान सम्पादक जगदीश शर्मा संयुक्त रुप मे झा के दोसल्ला ओढाके ५१ हजार नगद सहित पुरस्कृत कईले रहनी ।

कार्जक्रम मे पर्साका प्रमुख जिल्ला अधिकारी हिरालाल रेग्मी, सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक सुमन थपलिया, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के बरिष्ठ उपाध्यक्ष हरि गौतम, लोसपा के नेता नेजामुदिन समानी, जनमत पार्टी के पर्सा संयोजक ओमप्रकाश सर्राफ, स्वर्गीय फोटो पत्रकार सुबोध सिंह के भईया सुदर्शन सिंह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।