स्थानीय तह बजेट रकमान्तर मे अनियमित्ता : सचिवलोग के बोलावे के संसदीय समिति के निर्णय

धनुषा ०३ भादो
मधेश प्रदेश मे स्थानीय तह मे ससर्त अनुदान वितरण आ बजेट रकमान्तर मे भईल अनियमित्ता छानबिन करे खातिर गठित विशेष संसदीय छानबिन समिति मन्त्रालय के सचिवलोग के कागजात सहित छलफल के खातिर बोलावे के निर्णय कईले बा ।
अध्ययन के खातिर मन्त्रालयसब से माग कईल फाइल ना पठईला के बाद कागजातसहित सचिव के भादो ५ गते छलफल मे उपस्थित करावे के निर्णय कईल समिति सभापति उपेन्द्र महतो बतवनी ।
मधेश प्रदेशसभा मे समिति के एतवार के दिने बईठल बईठक मे आर्थिक बरीस २०७९÷८० के मन्त्रालयगत खर्च प्रगति के विवरण तथा खर्च फाँटवारी विवरण प्रदेश लेखा नियन्त्रक के कार्यालय से माग करेके निर्णय कईले बा ।
प्रदेश सरकार स्थानीय तह मे पठावल ससर्त अनुदान के विवरण ५ गते भितर पठावे खातिर स्थानीय तह के निहोरा करत ना पठावेके स्थानीय तह के प्रदेश सरकार से प्रदान करेवाला अनुदान रकम कट्टा करे खातिर प्रदेश सरकार के सिफारिस करेके कहके सचेत करावेके निर्णय कईले बा ।
मधेश प्रदेश के अर्थ मन्त्रालय स्थानीय तह के प्रदान कईल ससर्त अनुदान मे अर्थ मन्त्रालय विभेद कईल आ कमिसन लेके बजेट रकमान्तर कईल आरोप लागला के बाद प्रदेश सभा बईठक से लोसपा के प्रदेश सांसद महतो के संयोजकत्व मे विशेष संसदीय छानबिन समिति गठन कईल बा ।






