ठोरी गा.पा.के क्वारेन्टाइन से एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

मेघराज राय

जीराभवानी १३ सावन

ठोरी गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे रहल एक आदमी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

गापा के वार्ड २ मे रहल सरस्वती माबि क्वारेन्टाइन मे रहल इलाम जिल्ला घर भईल एक पुरुष मे कोरोना पोजेटिभ मिलल बा ।

संक्रमित होखेवाला मे इलाम जिल्ला के देउमाई नगरपालिका स्थायी घर भईल ५६ बरीस के पुरुष रहल ठोरी २ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ बतवनी ।

करीब २ हप्ता पहिले ठोरी के स्थानीय संगे संक्रमित आदमी भी भारत के गुजरात से ठोरी आईल वार्ड नं. २ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ् जानकारी देहनी ।

ठोरीबासी के साथ मे आईल उनका के सरस्वती मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल रहे ।

कोरोना संक्रमण के परीक्षण के खातिर ५ दिन पहिले स्वाव परीक्षण करे लागल वार्ड अध्यक्ष तामाङ् बतवनी ।

परीक्षण के समय मे उ आदमी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रिपोर्ट सोमार के आईल रहे ।

बीरगंज मे रहल कोभिड बिशेष अस्पताल मे मरेजी के चाप भईला से संक्रमित आदमी के क्वारेन्टाइन मे हि अलगे राखल गईल वार्ड अध्यक्ष तामाङ् बतवनी ।

उनका सँगे रहल आउर आदमीसब के भी क्वारेन्टाइन मे अलगे राखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।