साहु से पिटाईल एकल जनानी के पुलीस न्याय देवेके बदले उल्टे थुना मे राखके आउर पिडा देहलख : पिडित तारा देवी

वीरगंज ०४ भादो

पर्सा मे साहु से पिटाईल एकल जनानी के पुलीस न्याय देवेके बदले उल्टे थुना मे राखल घटना सार्वजनिक भईल बा ।

पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका–२ टिहुकी ५० बरीस के तारा देवी बेटा सहित खुद के एतवार के दिने पुलीस पोखरिया स्थित इलाका प्रहरी कार्यालय मे घेरके रात के ११ बजे ओरी छोडल आरोप लगवले बानी ।

सोमार के दिने नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सभाहल मे पत्रकार सम्मेलन करके पीडित कहली ,‘एतवार के सबेरे साहु आ उनकर आदमीसब घर मे आके हमनी दु जने माई बेटा के मरेवाला किसिम से पिटके घायल बनवलें । पुलीस हमनी के न्याय देवेके बदले उलटे थुना मे राखके रात के ११ बजे छोडलख ।’

उ झलमहीया के साहु वीरेन्द्र साह तेली से ४ लाख रोपेया कर्जा लेहले रहनी । उ कर्जा के सावा आ ब्याज करके ५ लाख ६८ हजार रोपेया तिरेके रहे । ओकरा खातिर तारादेवी गाँव के भोला साह कानु से बितल असाढ १७ गते १२ लाख रोपेया लेहले रहली ।

कानु १२ लाख रोपेया देहला के बदले तारादेवी के ६ कठ्ठा घडेरी मालपोतत कार्यालय मे जाके आपन नाम मे रजिष्ट्रेसन पास करे खातिर दबाब देहले रहनी । माकिर, हम करोडो के जमिन १२ लाख मे देवेके ना मानला के बाद एतवार के दिने घरमे आके मातारी बेटा दुनु जने के निर्घात पिटपाट करके घायल बनावल आ उलटे पुलीस मे लेजाके घेरवावल बतवनी ।

इलाका प्रहरी कार्यालय मे पुगला पर पुलीस खुदसब के पीडा सुनेके बदले उलटे थुना मे राखल पिटाई से घायल भईल तारादेवी के बेटा गोखुल आपन दुःख सुनवनी ।

हमनीसब के साहु कानु सँगे उनकर निकट के प्रदीप साह कानु, सन्दीप साह कानु, भगत साह कानु, पागल साह कानु, बृजेश यादव कानु सहित के लोग पिटके घायल बनावल कंकर बतवनी ।

कंकर के मुताविक साहु कानु से बितल असाढ १७ गते १२ लाख लेहला के बाद ओकरा बापत ६ कठ्ठा घडेरी पास करे खातिर दबाब आ धम्की देहला के बाद जिउ ज्यान के सुरक्षा के माग करत पीडित तारादेवी एकरा से पहिले असाढ २२ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे निवेदन देहले रहनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे साहु कानु से लेहल १२ लाख रोपेया तिरे खातिर हम तइयार रहल बतवनी । इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक मोहनविक्रम केसी कहनी पीडित कहल तारादेवी आ उनकर बेटा के पुलीस थुना मे ना राखल दाबी कईनी । लेनदेन के विवाद मे उजुरी परला के बाद प्रहरी कार्यालय मे एतवार के दिने दुनु पक्ष के बोलावल माकिर पुलीस थुना मे केहु भी ना राखल बतवनी ।

प्रहरी निरीक्षक केसी सँझिया अबेर तक चलल छलफल मे समस्या समाधान ना भईला के बाद बुध के दिने फेनु प्रहरी कार्यालय मे हाजिर होखेके शर्त मे तारादेवी आ उनकर बेटा के गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता के जिम्मा मे घर पठावल गईल बतवनी ।

पिटपाट मे संलग्न के कारबाही के विषय मे पीडितलोग के अस्पताल से ईलाज कराके पुलीस केस के रिपोर्ट सहित के जाहेरी लेके आवे खातिर कहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।