कांग्रेस प्रदेश तथा स्थानीय निकाय विभाग के सदस्य मे युवा नेता चौरसिया मनोनित

वीरगंज ०९ भादो
नेपाली कांग्रेस के “मधेश प्रदेश तथा स्थानीय निकाय विभाग” के सदस्य मे पर्सा जिल्ला के बिन्दबासिनी गाँवपालिका के सभापति भी रहल युवा नेता विवेक चौरसिया मनोनित भईल बानी ।
कांग्रेस के विधान २०१७ के धारा ११ के (ख) बमोजिम पार्टी प्रदेश सदस्य जीवनाथ चौधरी प्रमुख रहल मधेश प्रदेश तथा स्थानीय निकाय विभाग के सदस्य मे युवा नेता चौरसिया सहित २२ जने के मनोनित कईल गईल बा ।
पार्टी मधेश प्रदेश समिति के सचिव सन्तु प्रसाद यादवद्धारा जारी प्रेस विज्ञप्ति मे चौरसिया सहित पर्सा जिल्ला से विजय कुमार सर्राफ, नेहा मिश्र लगायत रहल बाडन ।
पार्टी से मनोनित कईला मे चौरसिया खुसी जनावत हमरा मिलल जिम्मेवारी के इमान्दारीता पूर्वक निर्वाह करेके बतवनी ।
पार्टी हमर योगदान के उच्च मुल्यांकन कईला मे पार्टी उपर आभार प्रकट करत नेता चौरसिया पार्टी के विधान, नियमावली आ निर्देशन मुताविक इमानदारीतापूर्वक काम करेके बतवनी ।






