भारत के बाँध के चलते गौर बजार डुबान मे

रौतहट १५ भादो

रौतहट के सदरमुकाम गौर बजार शुक के दिने पानी से डुबान मे परल बा ।

शुक के दिने कुछ बेर परल पानी से गौर बजार डुबान मे परल बा । नेपाल–भारत सीमाक्षेत्र मे भारत एकतर्फी रुप मे लगावल बाँध के चलते जमल पानी से गौर बजार जलमग्न भईल बा ।

सडक मे पानी जमला के बाद छोटा–बडका यातायाता के सवारीसाधन आ आदमी के घुमफिर मे भी समस्या भईल रहे । गौर बजार मे ढल बनाके भी बाँध के चलते पानी से निकास ना मिलला पर हरेक बरीस सदरमुकाम गौर डुबान मे परत आईल बा । दिनके ४० मिनेट जेतना वर्षात भईला के बाद गौर बजार डुबान मे परल प्रमुख जिल्ला अधिकारी धर्मेन्द्रकुमार मिश्र बतवनी ।

पानी के निकास ना भईला के चलते समान्य पानी परला पर भी जलमग्न आ डुबान मे परत आईल बा,’ कहत उ, ‘भारतीय सीमा क्षेत्र मे बाँध आ पानी के निकास ना भईला से समस्या हो रहल बा ।’ गौर के पूर्व मे वाग्मती आ पश्चिम क्षेत्र मे लालबकैया नदी परेला । बर्खा के समय दुनु नदी मे बाढ आवेला । उहे पानी गौर मे घुसला पर डुबान होखेला ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।