बेसी दाम मे पल्स अक्सिमिटर बेचल आरोप मे वीरगंज मे एक जने पकडईलें

वीरगंज २५ बैशाख

बेसी दाम मे पल्स अक्सिमिटर बिक्री कईल आरोप मे एक जने के पुलीस वीरगंज से पकडले बा । वीरगंज महानगरपालिका–१६ नगवा रहेवाला ३२ बरीस के रामहरि तिवारी के पुलीस शुक के सँझिया पकडल गइल बा ।

उनकर दोकान से पुलीस १२ थान पल्स अक्सिमिटर बरामद भी कईले बा । घर मे खोलल दवाई दोकान मे १ हजार ९ सय पडेवाला अक्सिमिटर के उ ३ हजार ५ सय रोपेया मे बिक्री कईल पुलीस दाबी कईले बा । कालाबजारी कईल सूचना के आधार मे उनका के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

उनका के नियन्त्रण मे लेके कालाबजारी सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।