रौतहटका नयाँ एसपी महेन्द्रकुमार श्रष्ठ सञ्चारकर्मी लोग से कईलें साक्षातकार

मेवालाल यादव
रौतहट २० भादो
जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट के प्रमुख मे कार्यभार सम्हारल महेन्द्रकुमार श्रष्ठ रौतहट के संचारकर्मीलोग सँगे साक्षातकार कईले बानी ।
शान्ति, सुरक्षा, सुरक्षणम के मुल नारा के साथ इहाँ के नकारात्मक पक्ष के निर्मुल करत जिल्लाबासी के शान्ति आ अमन चैन के वातावारण बनावे के प्रयास मे सभी के सकारात्मक सहजोग के अपेक्षा एसपी श्रेष्ठ कईले रहनी ।
सञ्चारकर्मीलोग के सवाल के जवाफ मे हम सकेभर करेके, इहाँ के कमिकमजोरी के निस्तेज बनावेके, सकारात्क काम के हरदम प्राथिमकता देवेके, सिमा से होखेवाला चोरी तस्करी लगायत के अनेकन अवाञ्छित क्रियाकलाप के निरुत्साहित करत अगाडि बढेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
जिल्ला मे यदाकदा देखल जाएवाला अपराध के घटना होखे ना देवे खातिर मातहत के युनिटसब के सक्रिय बनावेके, मुस्कान सहित के ई कार्यालय से देहलजाएवाला सेवासब देवेके स्पष्ट करत अपराध सहित समाज मे होखेवाला अनेकन किसिम के विकृति विसंगति के निर्मूल बनावे खातिर सञ्चारक्षेत्र के भुमिका महत्वपूर्ण रहेके भईला से समय मे पुलीस के सहजोग एवं सुचित करावे खातिर निहोरा कईनी ।






