संघिय सरकार मधेश प्रदेश से विभेद कईले बा : मुख्यमन्त्री यादव

प्रभु यादव

बारा २२ भादो

मधेश प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोज कुमार यादव केन्द्रिय सरकार बजेट बाँडफाड मे मधेश प्रदेश से विभेद कईल बतावले बानी ।

बारागढी गाँवपालिका के साक्षर घोषणा कार्जक्रम मे मुख्यमन्त्री यादव बोलत मधेश प्रदेश के सब से कम बजेट आ कर्णाली प्रदेश के सब से अधिक देहले बा जवन प्रदेश मे अधिक जनता रहल बा उहाँ कम आ कम भईल जनसंख्या उहाँ अधिक देहल विभेद भईल बतावले बानी ।

मधेश प्रदेश के तिसरा गाँवपालिका बारागढी आ बारा के पहिला साक्षर घोषणा भईल मुख्यमन्त्री यादव बतावत पालिका के सभे के मिहनेत आ लगनसिलता रहल कहत ई वरिस के प्रदेश के बजेट मेसे पाँच करोड स्कुल बनावेला देवेके बतावले बानी । प्रदेशिक अस्पताल कलैया के १०० शैया आ कलैया १६ झिटकैया मे रहल सरूवा रोग नियन्त्रण अस्पताल के २०० शैया के बनावेला पईसा छुटयावल गईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मुख्यमन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । जसपा नेपाल के मधेश प्रदेश अध्यक्ष आ पुर्व प्रतिनिधि सभा सदस्य रामबाबु यादव शिक्षा मे विशेष जोड देहल जरूरी बा काहे कि हरकाम सीप आ ज्ञान से सम्भव बा अभिके बढत ईलेक्ट्रिक युग मे जरूरी रहल बतावले बानी ।

जसपा नेपाल के केन्द्रिय सदस्य रामकिशोर यादव शिक्षा के मानव के जीवन मे काम, संस्कृती, समाजिक सद्भाव के वयान करत महत्व बतावले रहनी । बारागढी गाँवपालिका के अध्यक्ष अशोक कुमार जैसवाल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे जसपा के केन्द्रीय सदस्य रामबाबु यादव, बारा क्षेत्र नम्वर १ संसद अच्युत मैनाली प्रदेश सभा सदस्य त्रिलोकी चौधरी, शिक्षा से सरोकारहल लोग आ वार्ड अध्यक्ष लोग आपन आपन बात रखले रहनी ।

बारागढी गाँवपालिका मे ९७ दशमलव २५ प्रतिशत साक्षर लोग भईल शिक्षा शाखा प्रमुख जलमती चौधरी जनकारी करावले रहनी । गाँवपालिका के ६ गो वार्ड रहल जवना मे १७ हजार पाँच सय ६६ जने १६ बरिस से ६० बरीस भितर के जनता निसाक्षर रहल रहे जवना मेसे १७ हजार दु सय ११ जने साक्षर होगईल गापा अध्यक्ष जैसवाल जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।