धोबीनी गाँवपालिका के ८ वाँ गाँव सभा पुरा, ३६ करोड ५ लाख के बजेट प्रस्तुत

वीरगंज २९ भादो

पर्सा के धोबीनी गाँवपालिका के ८ वाँ गाँवसभा पुरा भईल बा । असाढ १५ गते भितर होखेवाला गाँवसभा तीन महिना देरी करके आजु पुरा भईल बा ।
गाँवपालिका भवन मे शुक के दिने आयोजना कईल गाँवसभा मे चालू आर्थिक बरीस २०८०÷०८१ के नीति, कार्जक्रम तथा गाँवसभा से ३६ करोड ५ लाख ५५ हजार बराबर के बजेट प्रस्तुतीकरण कईल बा ।

गाँवसभा मे धोबीनी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष मञ्जुदेवी पटेल ३६ करोड ५ लाख ५५ हजार बराबर के अनुमानित बजेट प्रस्तुतीकरण कईनी ।

गाँवसभा के उदघाटन करत पालिका अध्यक्ष मदन प्रसाद चौहान राजनीतिक समस्या के चलते गाँवसभा मे देरी भईल इहे चलते विकास के काम आ जनतासब के कामकाज मे समस्या भईल बतवनी । सभा भईला के बाद अब बिकास लगायत जनतालोग के कामकाज जलदी आ सहज होखेके प्रतिबद्धता जनवनी ।

गाँवसभा मे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, पर्यटन, महिला बालबालिका आ भौतिक पूर्वाधार विकास लगायत के प्राथमिकता मे राखल अध्यक्ष चौहान बतवनी ।
संघ समानिकरण अनुदान ८ करोड ४२ लाख, संघ सरकार से शसर्त अनुदान १२ करोड ९५ लाख, संघिय राजस्व बाँडफाड ६ करोड ४८ लाख ६७ हजार आठ सय, प्रदेश समानिकरण अनुदान ५९ लाख ११ हजार, प्रदेश सरकार से शसर्त अनुदान ५० लाख, प्रदेश राजस्व बाडफाड ४० लाख, प्रदेश सरकार विशेष अनुदान ३० लाख, प्रदेश सरकार सम्पुरक अनुदान २० लाख, स्थानिय राजस्व बाडफाड २० लाख, गत आव के बाकी मौजदात आन्तरिक राजस्व ६ करोड ७६ हजार दु सय करके जम्मा ३६ करोड ५ लाख ५५ हजार बराबर के अनुमानियत बजेट गाँवसभा से प्रस्तुतिकरण कईल बा ।

पालिका अध्यक्ष चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के महाधिवेशन प्रतिनिधि श्याम किशोर कुर्मी, गाँवपालिका प्रमुख प्रसाशकीय अधिकृत महम्द नवाज हुसेन, शिक्षा शाखा प्रमुख बृजकिशोर त्रिपाठी, धन्नजय दास, प्रदिप पटेल, लगायत पाँच गो वार्ड के वार्ड अध्यक्षलोग बन्धु साह तेली, देबेन्द्र पटेल, राजकिसोर कुर्मी, अबास मियाँ चुरिहार, मनाउर मियाँ, कार्यपालिका सदस्य लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

गाँवसभा के बिरोध मे ६ जने कार्यपालिका सदस्य आ एक जने जनानी सदस्य करके ७ जने सदस्य रहल आ आजु के गाँवसभा सहभागी ना रहलन । ८ वाँ गाँवसभा मे २९ जने जनप्रतिनिधि मेसे २२ जने जनप्रतिनिधिलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।