नेपाल महिला संघ रौतहट के आयोजना मे तीज के शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम

मेवालाल यादव

रौतहट ३० भादो

नेपाल महिला संघ जिल्ला कार्य समिति रौतहट के आयोजना मे तीज के शुभकामना आदान प्रदान तथा दर खाएके कार्जक्रम शनिचर के दिने रामजानकी धर्मशाला के सभाहल गौर मे पुरा भईल बा ।

नेपाली कांग्रेस के मेयर प्रत्याशी नेत्री अन्जु झा के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेस प्रदेश के भौतिक पुर्वाधार मन्त्री कृष्णा प्रसाद यादव हिन्दू परम्परा मुताविक उदघाटन कईले बानी ।

हिन्दू जनानीलोग के महान पर्व के रुप मे रहल हरितालिका तीज के अवसर मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे सहभागी जनानीलोग एक दोसर से शुभकामना आदान प्रदान कईले बाडन । नाचत गावत एक दोसर से गाले मिलाके खÞुशी सटासाट करत तीज पर्व हर्सोल्लास के साथ मनावे खातिर जिल्ला सभापति तथा सभा सदस्य (बिधायक) जितेन्द्र यादव निहोरा कईले बाडन ।

मधेस प्रदेश के भौतिक पुर्वाधार मन्त्री कृष्णा प्रसाद यादव हरी तालिका तीज पर्व विबाहित जनानीलोग के खातिर कठिन परीक्षा के रुप मे रहल बतवले बाडन । पति, परिवार आ संतान के सुख शान्ति सुस्वास्थ्य दीर्घयु के कामना करत तीज पर्व मनावेके उल्लेख कईनी । नेपाली काङ्ग्रेस के नेत्री अन्जु झा के पहल मे ई कार्जक्रम से सब से बेसी जनानीलोग के उपस्थिति देखके खुशी लागल । स्थानीय चुनाव के समय मे प्रदेश भर मे मात्र २ गो जनानी मेयर पद के टिकट लेके लडले रहनी माकिर एक जनानी जितली आ अन्जु झा हरली । आवेवाला चुनाव मे ५१ प्रतिशत जनानी के समावेशी राखके टिकट देवेके मधेस प्रदेश के सभापति तथा भौतिक पुर्वाधार मन्त्री कृष्ण प्रसाद यादव प्रतिबद्धता जनवले बाडन ।

बिधायक नागेन्द्र साह विबाहित जनानी के मरद लम्हर उमिर के कामना तथा सन्तान के जीवन के रक्षा आ जीवन भर सुहागन रहेके कामना करत भगवन शिव के उपासना करेवाला पर्व तीज रहला से सभी दीदी बहिन बढिया से शांतिपूर्वक पर्व मनावेके बतवनी ।

जनानीलोग नेपाली तीज के गीतसब मे भरमग्दुर मनोरन्जन लेत कम्मर टुरके नचले रहलन आ स्थानिय कलाकरलोग से प्रस्तुत कईल नृत्यसब, गायन तथा आउर प्रस्तुती कार्जक्रम के साङ्गितिक माहोल आउर गरमाईल रहे । कार्जक्रम के रौनक बनावे खातिर जनानीलोग के भिड मे पुरुषलोग भी प्रस्तुति देहले रहलन ।

उ कार्जक्रम मे मधवनारायण नगरपालिका के नगर प्रमुख बैजु प्रसाद यादव, प्रचारप्रसार के प्रमुख नितेश गुप्ता, बिधायक प्रत्याशी रामचन्द्र गीरी, प्रेस मंच के अध्यक्ष किशोरी यादव, कार्जक्रम संचालक नेकमह्मद हुसेन लगायत के सयो जनानीलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।