कबड्डी संघ पर्सा के अध्यक्ष मे अमित अग्रवाल

वीरगंज ३० भादो
कबड्डी संघ पर्सा के अध्यक्ष मे अमित अग्रवाल चयन भईल बाडन । शनिचर के दिने वीरगंज मे आयोजना कईल साधरणसभा से अग्रवाल के अध्यक्षता मे संघ के १३ सदस्यीय नयाँ जिल्ला कार्य समिति चयन कईले बा ।
संघ के प्रथम उपाध्यक्ष मे सुधिर गुप्ता आ जनानी उपाध्यक्ष मे रमितामाया गुप्ता, सचिव मे उपेन्द्र पटेल, सहसचिव मे श्याम कुमार सरार्फ, कोषाध्यक्ष मे रानु दास चयन भईल बाडन । एहितरे सदस्यलोग मे सागिर अली, विक्कीराज पटेल, अंकित मिश्रा, अंगद यादव, बजरंगी पटेल, दिपक साह तथा जनानी सदस्य मे प्रेरणा श्रेष्ठ चयन भईल बाडन ।
संघ के निवर्तमान अध्यक्ष आकाश पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के अध्यक्ष अनुप तिवारी, नेपाल खेलकुद पत्रकार मञ्च पर्सा के अध्यक्ष तिवारी यादव, खो खो संघ के पर्सा जिल्ला उपाध्यक्ष दिपक साह, फुटबल रेफ्रि संघ पर्सा के अध्यक्ष अर्जुन गुप्ता लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।






