प्रभु यादव

वीरगंज ३ कुवार

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका के भेडीहारी मे मधेश जनविद्रोह समिति एक कार्जक्रम २०७२ के संविधान के प्रतिलिपि के जरावले बा । संविधान जनता मुखि ना होकर के पार्टी आ नेता मुखि भईल कहत विरोध करत प्रतिलिपी मे आगलगा के जरावले बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि म.ज.वि.स के केन्द्रिय सदस्य अजय पटेल संघिय लोकतान्त्रिक गणतन्त्र के प्रथम ५ बरिस के सरकार बितला बाद दुसरा चरण के गठबन्धन सरकार के अभयास जारी बा लेकिन देश के हक हितमे आ जनताके हकहित के खातिर कौनो कामकाज भईल आजले जनता के अभास ना मिलल बतावले बानी । विदेशी बहुरुपिया लोग द्वारा बनावल दुनिया के सर्वोत्कृष्ट २०७२ के संविधान भ्रष्ट सरकार के तर्फ से हि बारमबार नियमन तोडल गईल हमनी सभी जनता मे जगजाहिर बढले बा पटेल सिकायत कईले बानी ।

आजके लोकतन्त्र, पहिले के राजतन्त्र के सैलीमे चल रहल बा एहिसे इ २०७२ के संविधान समता मुलक ना भइला के कारण आ राष्ट्र के हितमे ना बल्कि पार्टी आ नेता सब के खातिर बनल बा जवन पंचायत काल के नीति कानून दरबार बाहेक के सैलीमे आज के सरकार काम कर रहल बा पटेल बतावले रहनी ।

२० ७२ के त्रुटी रहल संविधान खारेजी करके पुनःह देश आ जनता के हकहित मे लिखे खातिर माग पटेल द्वारा जानकारी देहल गइल । कार्जक्रम कालिकामाई गाँवपालिका समिति के वार्ड संयोजक गणेश साह कानु के सभापतित्व मे भईल जवना मे रामजी साह कानु, किशोरी पटेल, नन्दलाल कानु, नागेदर साह, हनिफ मिया, धुरेन्द्र चौरसिया सहित स्थानिय बुद्धिजीबी युवा समाज, महिला, सञ्चारकर्मी लोग के सहभागिता रहल आयोजक समिति जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।