वीरगंज–रक्सौल नाका के दशगजा क्षेत्र मे एसएसबी के चेकपोस्ट स्थापना

वीरगंज ०३ कुवार
नेपाल भारत सीमा के दशगजा क्षेत्र मे भारतीय सीमा सुरक्षा बल (एसएसबी) अस्थायी चेकपोस्ट स्थापना कईले बा । वीरगंज–रक्सौल के दशगजा क्षेत्र मे परेवाला मितेरी पुल पर एसएसबी चेक पोस्ट रखले बा ।
नेपाल के मुख्य प्रवेशद्वार के रूप मे परिचित वीरगंज–रक्सौल नाका के दशगजा क्षेत्र मे परेवाला मितेरी पुल मे एसएसबी बुध के सबेरे से चेक पोस्ट स्थापना कईले बा ।
चेक पोस्ट मे खटल एसएसबी जवानलोग दुनु ओरी से आवतजावत कर रहल सवारीसाधन के चेकजाँच कर रहल बाडन । ई नाका से हरेक दिन हजारो के संख्या मे आदमीसब पैदल तथा गाडी मे व्यावसायिक, धार्मिक आ पारिवारिक काम से नेपाल–भारत आवत जावत करेलन ।
एसएसबी के प्रहरी निरीक्षक (इन्स्पेक्टर) मनोजकुमार शर्मा चेक पोस्ट स्थापना कईला पर एसएसबी अन्तर्राष्ट्रिय मापदण्ड पालना कईल दाबी कईनी । उ चेक पोस्ट भी भारतीय भूमि मे रहल बतवनी । ‘चेक पोस्ट स्थापना कईला पर भारत नेपाल सँगे भईल कउनो भी सम्झौता भा सन्धि के उल्लंघन कईले नईखे,’ कहत उ, ‘दुनु देश के सुरक्षा, मानव तस्करी आ चोरी पैठारी नियन्त्रण करेके उद्देश्य से चेक पोस्ट के स्थापना भईल बा । एकर कउनो भी राजनीतिक भा कूटनीतिक उद्देश्य नईखे ।’
इन्स्पेक्टर शर्मा एसएसबी के केन्द्रीय सर्कुलर मुताविक रक्सौल–वीरगंज नाका होत आवतजावत करेवाला तिसरका देश के नागरिक उपर निगरानी बढावे खातिर भी पोस्ट स्थापना कईल जानकारी देहनी ।
पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिव प्रसाद लम्साल मितेरी पुल नेपाल आ भारत दुनु भईल बतावत स्थापित चेक पोस्ट भारतीय भूमि मे रहल प्रस्ट कईनी । उ चाडपर्व के लक्षित करके एसएसबी अस्थायी रूप मे चेक पोस्ट स्थापना कईल बतवनी । सहायक सीडीओ लम्साल भी ई नाका से आवतजावत करेवाला तिसरका देश के नागरिक उपर निगरानी बढावे खातिर भी एसएसबी पोस्ट स्थापना कईल बतवनी ।
एहितरे सशस्त्र प्रहरी बल नम्बर १३ गण वीरगंज के प्रमुख एवम् प्रहरी उपरीक्षक किशन कर्माचार्य भी सीडीओ लम्साल के बात के दोहरवनी । उ भी चेक पोस्ट भारतीय भूमि मे रहल बतवनी । यद्यपि भारतीय सुरक्षा एजेन्सीसब दशगजा क्षेत्र मे कउनो भी किसिम के चेक पोस्ट स्थापना करे ना मिलेके विज्ञलोग बतवले बाडन । अन्तर्राष्ट्रिय सन्धि मुताविक विशेष परिस्थिति बाहेक आउर समय मे चेकपोस्ट राखे ना मिलेके उलोग के कहनाम बा ।






