सर्लाही घटना के दोषी उपर कारवाही के माग करत वीरगंज बन्द

वीरगंज ०६ कुवार

सर्लाही जिल्ला के मलंगवा मे भईल घटना के विषय के लेके वीरगंज मे शनिचर के दिने दिनभर बजार बन्द भईल बा । सर्लाही घटना के दोषी उपर कारबाही के माग करत हिन्दु समाज वीरगंज बजार बन्द करवले रहे । बजार बन्द भईला से साइकल, मोटरसाइकल बाहेक के बडका सवारीसाधनसब ना चलल ।

बन्द के समर्थन करत बजार बन्द कईल वीरगंज हिन्दू समाज के अगुवालोग बतवले बाडन । बन्द के सफल बनावे खातिर समाज के अगुवा आ युवालोग वीरगंज मे जगह जग मे प्रदर्शन भी कईले रहलन । प्रदर्शनकारीलोग वीरगंज के घण्टाघर चोक मे टायर बारके प्रदर्शन करेके समय मे पुलीस आ प्रदर्शनकारी बीच समान्य झडप भी भईल रहे ।

झडप के बाद भिड के हटावे खातिर पुलीस लाठीचार्ज भी कईले रहे । ओकरा से पहिले वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस से निकालल शान्तिपूर्ण जुलुस नगर परिक्रममा कईले रहे ।

प्रदर्शनकारीलोग वीरगंज के मुख्यसडक आ गल्ली मे रहल दोकानसब बन्द करवले रहलन । बियफे के सँझिया सर्लाही के मलंगवा मे भगवान गणेश के मूर्ति डुबावे जाएके समय मे दु समुदाय बीच झडप भईल रहे । जउना मे स्थानीय रुपेश यादव उपर छुरा प्रहार भईल रहे । बन्द के समय मे कउनो किसिम के अप्रिय घटना ना होखे देवे खातिर बहुते संख्या मे नेपाल पुलीस आ सशस्त्र प्रहरी चौक–चौक मे खटल रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।